Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गाल के बढ़त चर्बी के चलते हो गईल बा चेहरा गोल-मटोल, त इ 2 एक्सरसाइज से मिली परफेक्ट जॉ लाइन

229

चेहरा के चर्बी बढ़ला के चलते जबड़ा के रेखा कहीं ना कहीं गायब हो जाला आ चेहरा गोल-मटोल देखाई देवे लागेला। अयीसना में ए 2 व्यायाम से आप अपना गाल के चर्बी के आसानी से कम क सकतानी।
अधिक वजन होखला पे चेहरा पे चर्बी बढ़ जाला। चेहरा के चर्बी बढ़े के कारण बा जईसे मोटापा, उमर बढ़ल, अस्वस्थ भोजन आदि। चेहरा के चर्बी बढ़ला के चलते जबड़ा के रेखा कहीं ना कहीं गायब हो जाला आ चेहरा गोल-मटोल देखाई देवे लागेला। जवना के बाद केहू रउरा के गोलू मोलू जइसन नाम से बोलावे लागेला। जवना के चलते लोग अक्सर शर्मिंदा होखेले, बहुत लोग चेहरा के ए चर्बी के कम करे खातीर बहुत तरीका अपनावेले, लेकिन उनुका गाल के चर्बी ओसही रहेले। अगर रउआ भी ओहमें से बानी त आज हम रउआ के ओह 2 व्यायाम के बारे में बताइब जवना से रउआ अपना गाल के चर्बी के आसानी से कम क सकेनी।

बलून एक्सरसाइज़ – पहिलका एक्सरसाइज़:

एह व्यायाम के गुब्बारा व्यायाम कहल जाला। सबसे पहिले मुंह में हवा भर के मुंह में गुब्बारा निहन फुलाईं। हवा के मुँह में 10-12 सेकंड तक रखे के चाहीं। एह 10-12 सेकंड में आँख खुलल राखीं आ दिन में 4-5 बेर क सकेनी। ए व्यायाम से गाल के चर्बी बहुत हद तक कम हो सकता।

ओपन माउथ एक्सरसाइज -दूसरका एक्सरसाइज़:

A pretty girl with face mimic for fitness exercise, her mouth wide open, white brick wall in the background

एह अभ्यास के करे खातिर सबसे पहिले आपन माथा पीछे के ओर ले जाईं। अब मुँह पूरा खोलीं आ ओकरा बाद कस के बंद कर दीं। एहसे आपके गर्दन के मांसपेशी पे दबाव पड़ी। एकरा के दिन में 8-9 बेर कईल जा सकता। लगातार कईला से एकर फायदा आपके गाल पे देखाई देवे लागी।

(ई लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लेवे के होई।)

519290cookie-checkगाल के बढ़त चर्बी के चलते हो गईल बा चेहरा गोल-मटोल, त इ 2 एक्सरसाइज से मिली परफेक्ट जॉ लाइन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.