[the_ad_group id="30365"]

ICC Ranking : वैभव सूर्यवंशी के बड़ धमाका, 230 स्थान के छलांग लगा के पहुंचलें 48वां नंबर पs

Vaibhav Suryavanshi Makes Big Jump in ICC T20 Rankings
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के जुवा ओपनिंग बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी आईसीसी टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग में सानदार छलांग लगवले बाड़ें। जिम्बाब्वे के खिलाफ तीन मैच के टी20 सीरीज में बेहतरीन प्रदर्शन के बाद वैभव 230 स्थान के छलांग लगाके अब सीधे 48वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

इंग्लैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खतम भइला के बाद वैभव सूर्यवंशी आईसीसी रैंकिंग में 278वां नंबर पs रहलें। बाकिर जिम्बाब्वे दौरा पs उनकर दमदार बल्लेबाजी से रैंकिंग में जबरदस्त सुधार भइल। मात्र 15 साल के उमिर में वैभव के ई उपलब्धि भारतीय क्रिकेट खातिर खास मानल जा रहल बा।

जिम्बाब्वे के खिलाफ वैभव सूर्यवंशी के सानदार प्रदर्शन

जिम्बाब्वे के खिलाफ तीन मैच के टी20 सीरीज में वैभव सूर्यवंशी दूगो सानदार अर्धशतक लगवलें। ऊ सीरीज में 50.33 के बेहतरीन औसत से कुल 151 रन बनवलें। अपना सानदार प्रदर्शन के बदौलत वैभव के एगो मैच में प्लेयर ऑफ द मैच के अवॉर्ड मिलल। एकरा अलावे ऊ पूरा सीरीज में सानदार खेल देखावत प्लेयर ऑफ द सीरीज के खिताबो जीत लेलें। अब आईसीसी के ताजा टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग में वैभव के 536 रेटिंग अंक बा आ ऊ 48वां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

वैभव के फायदा, अभिषेक शर्मा के नुकसान

जिम्बाब्वे के खिलाफ भारतीय बल्लेबाजन के प्रदर्शन के असर आईसीसी रैंकिंग पs देखे के मिलल। ईशान किशन सीरीज में 145 रन बनवलें आ ऊ 910 रेटिंग अंक के संगे अभियो टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग में पहिला स्थान पs कायम बाड़ें।

दूसरका ओर, भारतीय ओपनर अभिषेक शर्मा के ताजा रैंकिंग में नुकसान उठावे के पड़ल बा। पहिलका स्थान पs लमहर समय से मजबूत पकड़ बना के रखे वाला अभिषेक अब 819 रेटिंग अंक के संगे तीसरा नंबर पs पहुंच गइल बाड़ें।

तिलक वर्मा के रैंकिंग में सुधार

भारतीय टीम के उपकप्तान तिलक वर्मा के रैंकिंगो में सुधार भइल बा। इंग्लैंड के खिलाफ टी20 सीरीज में खराब प्रदर्शन के बाद तिलक जिम्बाब्वे के खिलाफ बेहतर बल्लेबाजी कइलें। तिलक तीन मैच के तीन पारी में 77 रन बनवलें आ एह दौरान एगो अर्धशतक लगवलें। सानदार प्रदर्शन के बाद ऊ 750 रेटिंग अंक के संगे आईसीसी टी20 बल्लेबाजी रैंकिंग में छठवां स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

तिलक वर्मा रैंकिंग में इंग्लैंड के कप्तान हैरी ब्रूक आ अनुभवी बल्लेबाज जॉस बटलर के पीछे छोड़ देले बाड़ें। वैभव सूर्यवंशी आ तिलक वर्मा के रैंकिंग में सुधार से भारतीय जुवा क्रिकेटरन के सानदार प्रदर्शन के झलक साफ देखे के मिलत बा।

Read Also: CWG 2026 Medal Tally : भारत के झोरी में अब तक 12 पदक, जानीं केकरा मिलल गोल्ड, सिल्वर आ ब्रॉन्ज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]