Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

About us

“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
एकरा खातिर वेबसाइट के संगे-संगे हमनी के आउर डिजिटल प्लेटफार्मन (फेसबुक,यूट्यूब, इंस्टाग्राम आ ट्विटर) पs उपलब्ध बानी जा।
खबर भोजपुरी परिवार के मकसद ओह लोगन के पहचान देआवल बा जे अपना साफ-सुघर काम से भाषा के आगे बढ़ावे में लागल बा। साथे-साथे भोजपुरिया जनमानस के आवाज़ बने कोशिस रही जवना में भोजपुरिया लोगन के जनहित के मुद्दा तs रहबे करी साथे साथे देस-बिदेस के तमाम खबर आ मुद्दा रवा लोग के सोझा आपन भाषा मे पहुंचावे के कोशिस रही।

एह उम्मेद के संगे कि खबर भोजपुरी टीम के प्रयास आउर रउआ सभन के प्यार एक दिने जरूर रंग लाई आउर इ भोजपुरी इलेक्ट्रॉनिक मीडिया के एगो सशक्त आवाज बनी, रउआ सभे के साथ आ स्नेह खातिर हमनी के आभारी बानी जा…
-टीम खबर भोजपुरी