- Sponsored Ads-

02 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 02/08/2026

श्री गणेशाय नमः

- Sponsored Ads-

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि चतुर्थी

रात के 11 बजके 15 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- अतवार।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 09 बजके 37 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

रात के 10 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 03/08/2026

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 10 बजके 54 मिनट ले।

दिन- सोमार।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 10 बजके 00 मिनट ले।

सुकर्मा जोग

रात के 09 बजके 13 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में तेजी रही। नौकरी करे वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। बेयपार में फायदा के जोग बा। परिवार के कवनो सदस्य से सुभ खबर मिल सकेला। खीस आ जल्दबाजी से बचीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक ममिला में सुधार के संकेत बा। पुरान रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार के संगे समय बितावे से मन खुस रही। निवेश भा बड़ खर्च सोच-समझ के करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज नया लोग से मुलाकात फायदेमंद हो सकेला। नौकरी में आगे बढ़े के मवका मिली। बातचीत के दौरान आपन बात साफ तरीका से रखीं। फिजूल खरचा पs नियंत्रण रखल जरूरी बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवार के सहजोग से जरूरी काम पूरा हो सकेला। नौकरी में अधिकारियन से मदद मिली। मन में कवनो बात के लेके चिंता हो सकेला, बाकिर धैर्य रखीं। सेहत पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास मजबूत रही। करिअर में सफलता आ मान-सम्मान मिले के जोग बा। नया योजना पs काम सुरू करे खातिर दिन ठीक बा। परिवार में खुसी के माहौल बनी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। पढ़ाई करे वाला छात्रन के सफलता मिल सकेला। कामकाज में छोट-मोट बाधा आ सकेला, बाकिर समझदारी से समाधान निकल जाई।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज साझेदारी वाला काम में फायदा हो सकेला। दांपत्य जिनगी में मधुरता बनी। कवनो पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। धन के ममिला में संतुलन बनवले रखीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला। जरूरी फैसला जल्दबाजी में मत लीं। मेहनत के बल पs कठिन काम पूरा हो सकेला। परिवार के सहजोग से मनोबल बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य राउर साथ दे सकेला। पढ़ाई करे वाला लोगन के अच्छा परिणाम मिली। जतरा के जोग बन सकेला। नौकरी आ बेयपार में नया अवसर सामने आई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ सकेली, बाकिर राउर मेहनत से सब काम पूरा होई। परिवार के सहजोग मिली। संपत्ति से जुड़ल मामिला रउरा पक्ष में जा सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया विचार रउरा के सफलता दिला सकेला। नौकरी में बदलाव भा नया काम के प्रस्ताव मिल सकेला। सामाजिक मान-सम्मान बढ़ी। सेहत के ममिला में लापरवाही मत करीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज राउर मन शांत रही आ आध्यात्मिक काम में रुचि बढ़ी। परिवार के संगे बढ़िया समय बिताईं। धन लाभ के जाेग बा। प्रेम जिनगी में खुसी मिली।

 

Read Also: POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-