स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ जिम्बाब्वे के बीच खेलल गइल तीसरका आ आखिरी टी20 मुकाबला में टीम इंडिया सानदार प्रदर्शन करत 35 रन से जीत दर्ज कइलस। एह जीत के संगे भारत तीन मैच के टी20 सीरीज 3-0 से अपना नावे करत क्लीन स्वीप कs लेलस। हरारे स्पोर्ट्स क्लब में खेलल गइल एह मुकाबला में वैभव सूर्यवंशी के विस्फोटक 81 रन के पारी जीत के सबसे बड़ आधार बनल।
टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल भारतीय टीम के सुरुआत ठीक ना रहल। अभिषेक शर्मा एक बेर फेर सस्ता में आउट हो गइलें। बाकिर एकरा बाद वैभव सूर्यवंशी आ ईशान किशन पारी के संभरलें। ईशान 29 रन बनवलें, जबकि कप्तान श्रेयस अय्यर 27 रन जोड़लें।
मात्र 15 बरिस के वैभव सूर्यवंशी 49 गेना पs 81 रन के विस्फोटक पारी खेललें, जवना में 8 चौका आ 4 छक्का सामिल रहे। रिंकू सिंह आखिर में 25 रन के तेज पारी खेललें आ भारत 20 ओवर में पांच विकेट पs 192 रन बनवलस।
वैभव सूर्यवंशी बनवलें नया इतिहास
एह पारी के संगे वैभव सूर्यवंशी पुरुष अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में 16 बरिस से पहिले सबसे जादे 50+ स्कोर बनावे वाला बल्लेबाज बन गइलें। ऊ नेपाल के कुशल मल्ला के रिकॉर्ड पीछे छोड़ देलें। सीरीज में वैभव के ई दूसरा अर्धशतक रहे, जवना से उनकर प्रतिभा के दुनिया भर में चरचा हो रहल बा।
मयंक यादव आ यश ठाकुर के गेंदबाजी से जिम्बाब्वे ढेर
193 रन के लक्ष्य के पीछा करत जिम्बाब्वे के सुरुआत खराब रहे। मयंक यादव पहिलही गेना पs ब्रायन बेनेट के आउट कs के भारत के सानदार सुरुआत दिलवलें। यश ठाकुर लगातार दू विकेट लेके मेजबान टीम पs दबाव बढ़ा देलें।
रयान बर्ल जरूर नाबाद 54 रन बनवलें, बाकिर बाकी बल्लेबाज भारतीय गेंदबाजन के सामने टिक ना सकल लो। जिम्बाब्वे 20 ओवर में सात विकेट पs 157 रन बनावे में सफल रहल। मयंक यादव तीन विकेट, यश ठाकुर दु विकेट जबकि रवि बिश्नोई आ अशोक शर्मा 1-1 विकेट लेलें।
वैभव सूर्यवंशी बनलें प्लेयर ऑफ द मैच आ प्लेयर ऑफ द सीरीज
आपन सानदार बल्लेबाजी खातिर वैभव सूर्यवंशी के प्लेयर ऑफ द मैच आ प्लेयर ऑफ द सीरीज चुनल गइल। एह जीत के संगे श्रेयस अय्यर के कप्तानी में भारत जिम्बाब्वे के खिलाफ टी20 सीरीज 3-0 से जीतके नया इतिहास रचलस।
Read Also: Gorakhpur News : डाॅ. फूलचंद प्रसाद गुप्त के किताब “भाेजपुरी कs अमर साधक” के भइल लोकार्पण






