[the_ad_group id="30365"]

ICC ODI Rankings : आईसीसी वनडे रैंकिंग में शुभमन गिल बनलें नंबर-1, टॉप-5 में भारत के तीन बल्लेबाज

Shubman Gill Becomes No. 1 in ICC ODI Batting Rankings
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के टेस्ट आ वनडे कप्तान शुभमन गिल आईसीसी वनडे बल्लेबाजी रैंकिंग में नंबर-1 स्थान हासिल कs लेले बाड़ें। ताजा रैंकिंग में गिल न्यूजीलैंड के बल्लेबाज डेरिल मिचेल के पछाड़ के दुनिया के नंबर-1 वनडे बल्लेबाज बन गइल बाड़ें।

पिछिला एक साल से शुभमन गिल के बल्ला टेस्ट आ वनडे दुनो फॉर्मेट में जम के बोलत रहल बा। इंग्लैंड के खिलाफ तीन मैच के वनडे सीरीज में भारतीय टीम के 2-1 से हार झेले के पड़ल, बाकिर गिल के बल्लेबाजी सानदार रहे।

19 जुलाई के खेलल गइल सीरीज के आखिरी मुकाबला के बाद 22 जुलाई के जारी आईसीसी वनडे बल्लेबाजी रैंकिंग में शुभमन गिल दूसरा स्थान पs रहलें। अब बिना कवनो नया मुकाबला खेलले रैंकिंग में बदलाव के बाद ऊ नंबर-1 स्थान पs पहुंच गइल बाड़ें।

डेरिल मिचेल के ना खेलला से गिल के मिलल फायदा

शुभमन गिल के नंबर-1 बने के फायदा न्यूजीलैंड के डेरिल मिचेल के कुछ वनडे मैच ना खेलला से मिलल। वेस्टइंडीज दौरा पs खेलल गइल पांच मैच के वनडे सीरीज में मिचेल दूगो मुकाबला में टीम के हिस्सा ना रहलें।

पहिले डेरिल मिचेल 802 रेटिंग अंक के संगे नंबर-1 स्थान पs काबिज रहलें। ताजा आईसीसी रैंकिंग में उनकर रेटिंग अंक घट के 794 हो गइल, जवना से ऊ दूसरा स्थान पs खिसक गइलें। एह बदलाव के सीधा फायदा शुभमन गिल के मिलल। गिल 801 रेटिंग अंक के संगे आईसीसी वनडे बल्लेबाजी रैंकिंग में पहिला स्थान हासिल कs लेलें।

आईसीसी वनडे रैंकिंग के टॉप-5 में तीन भारतीय

आईसीसी वनडे बल्लेबाजी रैंकिंग के टॉप-5 खिलाड़ियन में भारत के तीन दिग्गज बल्लेबाज सामिल बा लो। शुभमन गिल नंबर-1 स्थान पs बाड़ें, जबकि विराट कोहली 767 रेटिंग अंक के संगे तीसरा स्थान पs कायम बाड़ें। भारतीय टीम के अनुभवी ओपनर रोहित शर्मा 758 रेटिंग अंक के संगे चउथा नंबर पs मवजूद बाड़ें। एह तरे टॉप-5 में तीन भारतीय खिलाड़ी के मवजूदगी भारतीय बल्लेबाजी के मजबूत प्रदर्शन के देखावत बा।

टेस्ट रैंकिंग सुधार के मवका मिली

भारतीय टीम अब अगिला अंतरराष्ट्रीय सीरीज टेस्ट फॉर्मेट में खेली। भारत के श्रीलंका दौरा 15 अगस्त से सुरू होखे वाला बा, जहां दुनो टीम के बीच दू मैच के टेस्ट सीरीज खेलल जाई। एह टेस्ट सीरीज में कप्तान शुभमन गिल के लगे आईसीसी टेस्ट बल्लेबाजी रैंकिंग में सुधार करे के बढ़िया मवका रही। गिल फिलहाल 743 रेटिंग अंक के संगे सातवां स्थान पs बाड़ें।

टेस्ट रैंकिंग के टॉप-10 में भारत के यशस्वी जायसवालो सामिल बाड़ें। ऊ 733 रेटिंग अंक के संगे नवां स्थान पs काबिज बाड़ें। श्रीलंका के खिलाफ टेस्ट सीरीज में सानदार प्रदर्शन कs के गिल अपना टेस्ट रैंकिंग में आउर सुधार कs सकेलें।

Read Also: ICC Ranking : वैभव सूर्यवंशी के बड़ धमाका, 230 स्थान के छलांग लगा के पहुंचलें 48वां नंबर पs

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]