[the_ad_group id="30365"]

IND vs ZIM : जिम्बाब्वे के सूपड़ा साफ करे उतरी भारत, रिंकू सिंह के जगह सूर्यांश शेडगे के मिल सकेला मवका

IND vs ZIM 2nd T20 Pitch Report - Harare Sports Club
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ जिम्बाब्वे के बीच तीन मैच के टी20 सीरीज के आखिरी मुकाबला हरारे में खेलल जाई। श्रेयस अय्यर के कप्तानी में टीम इंडिया पहिलका दू मैच जीतके सीरीज पs 2-0 से कब्जा जमा चुकल बिया। अब भारतीय टीम के नजर जिम्बाब्वे के क्लीन स्वीप कइला पs बा। सीरीज पहिलही अपने नामे कs लिहला के बाद तीसरा मुकाबला में प्लेइंग-11 में कुछ बदलाव देखे के मिल सकेला।

श्रेयस अय्यर खातिर ई सीरीज खास रहल बा। कप्तान बनला के बाद सुरुआती सात मुकाबला में जीत ना मिलल रहे, बाकिर अब जिम्बाब्वे के खिलाफ टीम इंडिया सानदार प्रदर्शन करत सीरीज अपना नामे कs लेले बिया। एह कारण से तीसरा मुकाबला में अय्यर बेंच पs बइठल खिलाड़ियन के मवका दे सकेलें, जबकि ऊ जीत के लय बरकरार रखे के कोसिस करिहें।

हरारे में खेलल जाई तीसरा टी20

भारत आ जिम्बाब्वे के बीच तीसरा टी20 मुकाबला हरारे स्पोर्ट्स क्लब में खेलल जाई। मैच भारतीय समय अनुसार सांझ 4:30 बजे से सुरू होई। भारत जदि एह मैच के जीत लेत बा तs जिम्बाब्वे के 3-0 से क्लीन स्वीप कs दी।

वैभव सूर्यवंशी पs टिकल रही नजर

जुवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी एह सीरीज में सानदार फॉर्म में नजर आइल बाड़ें। पहिला टी20 में ऊ अपना अंतरराष्ट्रीय करिअर के पहिला अर्धशतक लगवले रहलें। हालांकि दूसरका मैच में ऊ खाली 20 रन बनाके आउट हो गइलें। अब आखिरी मुकाबला में उनका से फेर एगो बड़ पारी के उम्मीद बा।

सूर्यांश शेडगे के मिल सकेला डेब्यू के मवका

सीरीज जीतला के बाद टीम मैनेजमेंट कुछ नया खिलाड़ियन के मवका दे सकेला। ऑलराउंडर सूर्यांश शेडगे अभी तक एह दौरा पs एको मैच नइखन खेल पवले। संभावना बा कि कप्तान श्रेयस अय्यर तीसरा टी20 में शेडगे के प्लेइंग-11 में सामिल कs सकत बाड़ें।

रिपोर्ट के मोताबिक, शेडगे के रिंकू सिंह भा शिवम दुबे के जगह मवका मिल सकेला। जदि अइसन होला तs टीम इंडिया के मिडिल ऑर्डर में नया संयोजन देखे के मिली।

भारत के संभावित प्लेइंग-11

  • वैभव सूर्यवंशी
  • अभिषेक शर्मा
  • ईशान किशन (विकेटकीपर)
  • श्रेयस अय्यर (कप्तान)
  • तिलक वर्मा
  • रिंकू सिंह / सूर्यांश शेडगे
  • शिवम दुबे
  • रवि बिश्नोई
  • प्रिंस यादव
  • मयंक यादव
  • यश ठाकुर

भारत के जीत के लय बरकरार रखे के चुनौती

टीम इंडिया एह सीरीज में हर विभाग में सानदार प्रदर्शन कइले बिया। बल्लेबाजी, गेंदबाजी आ फील्डिंग तीनो में भारत जिम्बाब्वे पs भारी पड़ल बा। अब तीसरा टी20 जीतके टीम इंडिया ना खाली क्लीन स्वीप पूरा करे के चाही, बलुक जुवा खिलाड़ियो अपना प्रदर्शन से चयनकर्ता के प्रभावित करे के कोसिस करी लोग।

Read Also: Brazil Football Team India Tour : भारत आई ब्राजील फुटबॉल टीम? अक्टूबर में कोलकाता में भारत-ब्राजील केv ऐतिहासिक मैत्री मैच होखे के संभावना

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]