कोलकाता। भारतीय क्रिकेट टीम के असिस्टेंट कोच पद छोड़ला के मात्र 24 घंटा बाद रयान टेन डोशेट के कोलकाता नाइट राइडर्स में फेर से बड़ जिम्मेदारी मिल गइल बा। आईपीएल फ्रेंचाइजी केकेआर उनकरा के हेड ऑफ क्रिकेट स्ट्रेटजी नियुक्त कइले बा।
इंग्लैंड आ आयरलैंड दौरा पs भारतीय टीम के निराशाजनक प्रदर्शन के बाद कोचिंग स्टाफ में बदलाव कइल गइल। बीसीसीआई 28 जुलाई के एह बदलाव के आधिकारिक जानकारी साझा कइले रहे। रयान टेन डोशेट असिस्टेंट कोच के पद से हट गइलें, जबकि फील्डिंग कोच टी दिलीप के जिम्मेदारी से मुक्त कs दिहल गइल।
अब रयान टेन डोशेट फेर से केकेआर के संगे जुड़ गइल बाड़ें। टीम इंडिया से जुड़े से पहिले ऊ कोलकाता नाइट राइडर्स के कोचिंग स्टाफ के हिस्सा रह चुकल बाड़ें।
केकेआर में रणनीति आ खिलाड़ी चयन पs करिहें काम
हेड ऑफ क्रिकेट स्ट्रेटजी के नया पद पs रयान टेन डोशेट के जिम्मेदारी बहुते अहम रही। ऊ केकेआर खातिर नया खिलाड़ी के खोज, खिलाड़ी चयन, टीम प्लानिंग आ प्रदर्शन के मूल्यांकन में प्रमुख भूमिका निभइहें।
टीम के रणनीति मजबूत बनावे के संगे-संगे ऊ कोचिंग आ एनालिटिक्स टीम के संगे मिलके अगिला सीजन खातिर बेहतर योजना तइयार करिहें। रयान टेन डोशेट खाली केकेआर तक सीमित ना रहिहें। ऊ नाइट राइडर्स के ग्लोबल फ्रेंचाइजी नेटवर्क में महत्वपूर्ण जिम्मेदारी निभइहें।
रयान टेन डोशेट कैरेबियन प्रीमियर लीग में ट्रिनबागो नाइट राइडर्स, आईएलटी20 में अबूधाबी नाइट राइडर्स आ मेजर लीग क्रिकेट में लॉस एंजिल्स नाइट राइडर्स के असिस्टेंट कोच के जिम्मेदारी संभरिहें।
नीदरलैंड के पूर्व खिलाड़ी रयान टेन डोशेट अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेला के बाद कोचिंग के दुनिया में डेग रखले रहलें। केकेआर के संगे ऊ लमहर समय तक सपोर्ट स्टाफ आ कोचिंग टीम के हिस्सा रहलें।
केकेआर में वापसी से उत्साहित बाड़न रयान टेन डोशेट
केकेआर के संगे दोबारा जुड़ला पs रयान टेन डोशेट खुसी जतवलें। ऊ कहलें कि नया जिम्मेदारी के लेके ऊ बहुते उत्साहित बाड़ें। उनका मोताबिक, ग्लोबल नाइट राइडर्स फ्रेंचाइजी के कोचिंग आ एनालिटिक्स टीम के संगे काम करे के ई बढ़िया मवका बा।
केकेआर के तीनो आईपीएल खिताब में रयान टेन डोशेट के जोगदान रहल बा। साल 2012 आ 2014 में ऊ खिलाड़ी के रूप में टीम के हिस्सा रहलें। साल 2024 में केकेआर तीसरा बेर आईपीएल ट्रॉफी जीतलस, तब ऊ कोचिंग स्टाफ में सामिल रहलें।
पिछला दू आईपीएन सीजन केकेआर खातिर निराशाजनक रहल बा, काहेकि टीम प्लेऑफ में जगह ना बना सकलें। अइसन में रयान टेन डोशेट के वापसी से उम्मेद बा कि केकेआर बेहतर रणनीति आ मजबूत टीम प्लानिंग के संगे अगिला सीजन में मैदान पs उतरी।
Read Also: ICC ODI Rankings : आईसीसी वनडे रैंकिंग में शुभमन गिल बनलें नंबर-1, टॉप-5 में भारत के तीन बल्लेबाज







