Ajinkya Rahane Retirement : अजिंक्य रहाणे इंटरनेशनल क्रिकेट से ललें संन्यास, सोशल मीडिया पs पोस्ट कs के कइलें एलान

Ajinkya Rahane Retirement

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के दिग्गज बल्लेबाज आ टेस्ट क्रिकेट के भरोसेमंद खिलाड़ी रहल अजिंक्य रहाणे इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास के एलान कs देले बाड़ें। रहाणे सोशल मीडिया पs एगो भावुक पोस्ट साझा करत अपना अंतरराष्ट्रीय करिअर के समाप्त करे के जानकारी देलें।

पिछिला कुछ साल से रहाणे भारतीय टीम से बाहर चलत रहलें। ऊ भारत खातिर आखिरी अंतरराष्ट्रीय मुकाबला साल 2023 में खेलले रहलें। अब संन्यास के एलान के बाद भारतीय क्रिकेट में उनकर एगो सानदार दौर के अंत हो गइल बा।

सोशल मीडिया पोस्ट से कइलें संन्यास के एलान

अजिंक्य रहाणे सोशल मीडिया पs वीडियो पोस्ट साझा कs के अपना फैसला के जानकारी देलें। वीडियो में ऊ भारतीय टीम के संगे बितावल समय आ देस खातिर खेलला के अनुभव के याद कइलें। रहाणे कहलें कि अब उनकर करिअर में आगे बढ़े के सही समय आ गइल बा। ऊ भले इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास ले रहल बाड़ें, बाकिर क्रिकेट से जुड़ल रहिहें।

उनकर कहनाम रहे कि हर चीज के सुरुआत होला आ एक दिन ओकर अंत आवेला। सही समय पs बदलाव के स्वीकार कs के आगे बढ़ल जरूरी होला।

साल 2023 में खेलले रहलें आखिरी इंटरनेशनल मैच

अजिंक्य रहाणे भारत खातिर टेस्ट, वनडे आ टी20 इंटरनेशनल तीनों फॉर्मेट में खेलले बाड़ें। हालांकि, टेस्ट क्रिकेट उनकर सबसे मजबूत आ पसंदीदा फॉर्मेट रहे। रहाणे भारत खातिर कइयन गो टेस्ट मैच में कप्तानियो कइले बाड़ें। उनकर आखिरी अंतरराष्ट्रीय मुकाबला साल 2023 में रहे। एकरा बाद ऊ भारतीय टीम में वापसी ना कs सकलें।

टी20 से कइले रहलें इंटरनेशनल डेब्यू

टेस्ट स्पेशलिस्ट के रूप में पहचान बनावे वाला अजिंक्य रहाणे अपना इंटरनेशनल करिअर के सुरुआत टी20 क्रिकेट से कइले रहलें। ऊ अगस्त 2011 में भारत खातिर पहिला टी20 इंटरनेशनल मैच खेलले रहलें। वनडे क्रिकेट में रहाणे के डेब्यू साल 2011 में भइल रहे, जबकि टेस्ट क्रिकेट में ऊ साल 2013 में भारत खातिर पहिला मैच खेलले रहलें। टेस्ट में उनकर प्रदर्शन सबसे जादे प्रभावशाली रहे।

अजिंक्य रहाणे के इंटरनेशनल करिअर

अजिंक्य रहाणे भारत खातिर 85 टेस्ट मैच खेलत 5,077 रन बनवलें। टेस्ट करिअर में उनका नाम पs 12 शतक आ 26 अर्धशतक दर्ज बा। वनडे में रहाणे 90 मैच खेलत 2,962 रन बनवले। एह फॉर्मेट में ऊ तीन शतक आ 24 अर्धशतक लगवलें। टी20 इंटरनेशनल में रहाणे 20 मैच खेललें आ 375 रन बनवलें। एह दौरान उनका बल्ला से एगो अर्धशतक निकलल।

कप्तान के रूप में रहल सानदार रिकॉर्ड

अजिंक्य रहाणे भारत खातिर कुल छव गो मैचन में कप्तानी कइलें। एमे टीम इंडिया के चार मैच में जीत मिलल, जबकि दूगो मैच ड्रॉ रहल। उनकर कप्तानी में भारत के एको मैच में हार ना मिलल। रहाणे के नेतृत्व में भारत साल 2021 में ऑस्ट्रेलिया के धरती पs सानदार प्रदर्शन करत बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी जीतलस। एह जीत के भारतीय टेस्ट क्रिकेट के सबसे यादगार उपलब्धियन में गिनल जाला।

अजिंक्य रहाणे के शांत स्वभाव, मजबूत तकनीक आ मुश्किल समय में टीम के संभारे के क्षमता खातिर हमेसा इयाद कइल जाई। इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास के बादो उनकर भारतीय क्रिकेट में जोगदान खास बा।

Read Also: CWG 2026 : मुरली श्रीशंकर लगातार दूसरका बेर जीतलें सिल्वर, 8.09 मीटर के लमहर छलांग से रचलें इतिहास

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-