दिनांक- 01/08/2026
श्री गणेशाय नमः
- Sponsored Ads-

आज के पंचांग
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि– तृतीया
रात के 11 बजके 08 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्थी ।
दिन- सनिचर।
शतभिषा नक्षत्र
रात के 08 बजके 45 मिनट ले,
ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।
शोभन जोग
रात के 11 बजके 22 मिनट ले,
ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 02/08/2026
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्थी
रात के 11 बजके 15 मिनट ले।
दिन- अतवार।
पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र
रात के 09 बजके 37 मिनट ले।
अतिगण्ड जोग
रात के 10 बजके 29 मिनट ले।
बव करण।


आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। पुरान रुकल काम पूरा होखे के संभावना बा। बेयपार में फायदा मिल सकेला। परिवार के सदस्यन के संगे समय बितावे से खुसी मिली।
आज बातचीत में सावधानी बरतीं। काम के जगह पs नया योजना पs काम सुरू हो सकेला। संघतिया भा करीबी से मदद मिली। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बना के चलीं।
आज परिवार के माहौल सुखद रही। नौकरी में अधिकारियन से सहजोग मिल सकेला। पुरान परेसानी के समाधान निकले के उम्मेद बा। सेहत के नजरअंदाज मत करीं।


आज काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर धैर्य रखला से सफलता मिली। कवनो पुरान योजना पूरा हो सकेला। धन से जुड़ल फैसला जल्दबाजी में मत लीं।











