दिनांक- 31/07/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि– द्वितीया
रात के 10 बजके 31 मिनट ले,
ओकरा बाद तृतीया।
दिन- सुक।
धनिष्ठा नक्षत्र
सांझ के 07 बजके 26 मिनट ले,
ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।
सौभाग्य जोग
रात के 11 बजके 53 मिनट ले,
ओकरा बाद शोभन जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 01/08/2026
श्रावण कृष्ण पक्ष
तिथि- तृतीया
रात के 11 बजके 07 मिनट ले।
दिन- सनिचर।
शतभिषा नक्षत्र
रात के 08 बजके 45 मिनट ले।
शोभन जोग
रात के 11 बजके 22 मिनट ले।
वणिज करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी आ बेयपार में सफलता मिले के जोग बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। परिवार के सहजोग मिली। वाहन चलावत घरी सावधानी बरतीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)
धन लाभ के संभावना बा। नया निवेश करे से पहिले अनुभवी लोगन से सलाह जरूर लीं। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य सामान्य रही।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज करिअर में नया अवसर मिल सकेला। ऑफिस में अधिकारी राउर काम से खुस रही लो। विद्यार्थियन खातिर दिन सुभ बा। जतरा के जोग बन रहल बा।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
मेहनत के पूरा फल मिली। बेयपार में फायदा होई। परिवार में कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। खानपान पs धेयान दीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। नया काम सुरू करे खातिर दिन बढ़िया बा। जीवनसाथी के सहजोग मिली। बेवजह के विवाद से दूर रहीं।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज खरचा बढ़ सकेला। बजट बना के खरचा करीं। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ी। स्वास्थ्य के नजरअंदाज मत करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

भाग्य रउआ संगे रही। बेयपार में लाभ होई। प्रेम संबंध में मधुरता आई। सामाजिक मान-सम्मान बढ़ी।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
रुकल धन वापस मिले के जोग बा। पुरान विवाद खतम हो सकेला। परिवार में सुख-शांति बनल रही। धैर्य से काम लीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

विद्यार्थियन खातिर समय अनुकूल बा। प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी में सफलता मिली। जतरा लाभदायक साबित हो सकेला।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नौकरी में पदोन्नति भा नया जिम्मेदारी मिल सकेला। बेयपार में मुनाफा होई। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी। आर्थिक लाभ के जोग बा। संघतिया लोगन से सहजोग मिली। स्वास्थ्य ठीक रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी आ भगवान विष्णु के पूजा सुभ फल दी।
Read Also: POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन







