बिजनेस डेस्क। पिछिला हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन के सुस्ती के बाद सोमार के सबेरे शेयर बाजार के निवेशकन खातिर राहत आ खुसी के खबर लेके आइल। भारतीय शेयर बाजार में जोरदार वापसी देखे के मिलल आ सेंसेक्स आ निफ्टी दुनो हरियर निशान में सानदार सुरुआत कइलस।
हालांकि, बाजार में तेजी के बीच एगो चिंता बनल बा, जवन निवेशक आ नीति बनावे वाला लोगन के चिंता बढ़ा रहल बा। ई चिंता बा मानसून के धीमा रफ्तार के।
बाजार खुलतही निवेशकन के मिलल फायदा
सोमार के भारतीय शेयर बाजार मजबूत सुरुआत कइलस। सेंसेक्स 423.30 अंक माने 0.55 फीसदी के तेजी के संगे 77,226.20 के स्तर पs पहुंच गइल। निफ्टी 119.11 अंक माने 0.50 फीसदी बढ़त के संगे 24,132.20 के स्तर पs कारोबार सुरू कइलस।
सुक के लगातार पांच दिन के तेजी पs ब्रेक लाग गइल रहे, बाकिर सोमार के बाजार में भइल सानदार रिकवरी से निवेशकन के बड़ राहत मिलल।
सुरुआती कारोबार में HCLTech आ Maruti Suzuki India Limited के शेयर सबसे बढ़िया प्रदर्शन करे वाला माने टॉप गेनर्स में सामिल रहे।
बाजार के तेजी पs मानसून के असर काहे पड़ सकेला?
शेयर बाजार में रौनक जरूर लवट आइल बा, बाकिर आगे बाजार के दिशा काफी हद तक मानसून के प्रगति पs निर्भर करी।
मवजूदा अल नीनो परिस्थिति के चलते एह साल जून महीना में अब तक सामान्य से करीब 38 फीसदी कम बरखा दर्ज भइल बा। जदि मानसून में आउर देरी होखेला तs एकर सीधा असर खरीफ फसल के बुआई पs पड़ सकेला।
कम पैदावार के आशंका से खाद्य महंगाई बढ़ सकेला आ ग्रामीण इलाका में मांग कमजोर हो सकेला। ई सब कारक देस के अर्थबेवस्था आ कंपनियन के कमाई पs सीधा असर डाल सकेला।
ग्लोबल मार्केट से मिल रहल बा मिलल-जुलल संकेत
घरेलू बाजार में जहां खरीदारी के माहौल बा, उहां दुनिया भर के बाजारन से मिलल-जुलल संकेत मिल रहल बा। जापान के टॉपिक्स इंडेक्स में 1.3 फीसदी के मजबूती देखे के मिलल, जबकि ऑस्ट्रेलिया के S&P/ASX 200 में 0.1 फीसदी के बढ़त दर्ज भइल।
दूसरका ओर, अमेरिकी बाजार में कमजोरी देखे के मिलल, जहां S&P 500 फ्यूचर्स 0.4 फीसदी नीचे रहल। एशियाई बाजार में दबाव देखल गइल। हांगकांग के हैंग सेंग 1.3 फीसदी आ शंघाई कंपोजिट 0.2 फीसदी गिरावट के संगे कारोबार करत रहे। एकरा अलावा यूरोप के यूरो स्टॉक्स 50 फ्यूचर्स में 0.3 फीसदी के गिरावट दर्ज भइल।
आगे बाजार के दिशा पs निवेशकन के नजर
कुल मिलाके हफ्ता के सुरुआत भारतीय शेयर बाजार खातिर सकारात्मक रहल बा। निवेशकन के भरोसा फेर से मजबूत होत दिखाई दे रहल बा। हालांकि, आगे बाजार के चाल ग्लोबल संकेत, घरेलू आर्थिक इस्थिति आ मानसून के प्रगति पs निर्भर करी। एह समय निवेशकन के बाजार के उतार-चढ़ाव पs नजर रखे के जरूरत बा आ सोच-समझ के निवेश के फैसला लेवे के चाहीं।










