UP News : एक लाख के इनामी कुख्यात लल्लन सिंह के एसटीएफ मुठभेड़ में मौत, दरोगा के गोली मारे के रहे आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 22, 2026

सहारनपुर। बिहार के समस्तीपुर जिला के रहे वाला एक लाख रुपिया के इनामी कुख्यात अपराधी लल्लन सिंह उर्फ लल्लन के अतवार के देर रात सहारनपुर में यूपी एसटीएफ के संगे भइल मुठभेड़ में मार गिरावल

Share

UP STF Encounter Lallan Singh Killed in Saharanpur

सहारनपुर। बिहार के समस्तीपुर जिला के रहे वाला एक लाख रुपिया के इनामी कुख्यात अपराधी लल्लन सिंह उर्फ लल्लन के अतवार के देर रात सहारनपुर में यूपी एसटीएफ के संगे भइल मुठभेड़ में मार गिरावल गइल। ई मुठभेड़ सरसावा-नकुड़ रोड पs भइल। एह दौरान ओकर एगो साथी अन्हार के फायदा उठाके भाग निकले में सफल हो गइल। पुलिस ओकर तलाश में छापेमारी करत बिया।

एडीजी एसटीएफ अमिताभ यश के मोताबिक, लल्लन सिंह उर्फ लल्लन, पिता शिव शंकर सिंह, लमहर समय से कइयन गो गंभीर अपराधन में वांछित चलत रहे। ओकरा गिरफ्तारी पs वाराणसी पुलिस कमिश्नरेट के ओर से एक लाख रुपिया आ चंदौली पुलिस के तरफ से 25 हजार रुपिया के इनाम घोषित रहे।

लल्लन सिंह मूल रूप से बिहार के समस्तीपुर जिला के मोहिउद्दीन नगर थाना क्षेत्र के आनंदगोलवा गांव के निवासी रहे।

सरसावा-नकुड़ रोड पs भइल मुठभेड़

21 जून के रात एसटीएफ एएसपी लाल प्रताप सिंह के नेतृत्व में टीम सहारनपुर जिला के सरसावा-नकुड़ मार्ग पs संदिग्ध वाहन आ अपराधियन के तलाश में चेकिंग करत रहे। एही बीच टीम के बदमाशन के मवजूदगी के सूचना मिलल।

पुलिस टीम जब घेराबंदी कइलस तs बदमाश पुलिस पs फायरिंग सुरू कs देलस। जवाबी कार्रवाई में लल्लन सिंह के गोली लाग गइल आ ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइल। जबकि ओकर एगो साथी मवका देख के अन्हरिया में फरार हो गइल।

घायल बदमाश के सरसावा सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले जाइल गइल, जहां प्राथमिक इलाज के बाद जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल। जिला अस्पताल में डॉक्टर जांच के बाद ओकरा के मृत घोषित कs देलें।

सात हत्या सहित कइयन गो गंभीर अपराध में रहल वांछित

पुलिस रिकॉर्ड के अनुसार, लल्लन सिंह अपना भाई आ गिरोह के आउर सदस्यन के संगे मिलके कइयन गो संगठित अपराध में सामिल रहे। ओकरा ऊपर सात लोग के हत्या, बैंक डकैती, कैश वैन लूट आ सरकारी हथियार लूट जइसन गंभीर आरोप लागल रहे।

बतावल जा रहल बा कि मारल गइल लोगन में दू गो सब-इंस्पेक्टर, एगो बैंक कैशियर आ एगो सुरक्षा गार्ड सामिल रहे लोग।

दरोगा के गोली मारके सर्विस पिस्तौल लूटे के आरोप

लल्लन सिंह पs 8 नवंबर 2022 के वाराणसी में एगो सब-इंस्पेक्टर के गोली मारके उनकर सर्विस पिस्तौल लूटे के आरोप रहे। एकरा अलावा 1 नवंबर 2022 के चंदौली जिला में भइल गोलीबारी आ लूट के घटना में ऊ वांछित चलत रहs।

फिलहाल एसटीएफ ओकर फरार साथी के तलाश में जुटल बिया। पुलिस टीम ओकर गिरफ्तारी खातिर लगातार अभियान चला रहल बिया।

Read Also: Qatar Explosion : कतर के बरजान गैस प्लांट में भयानक धमाका, 54 लोग घायल आ 18 लापता

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.