Bihar News : पंकज त्रिपाठी के भाई पs जानलेवा हमला, गंभीर हालत में पटना पीएमसीएच में इलाज जारी

Pankaj Tripathi Brother Attack Case in Gopalganj Bihar

Share

पटना। बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी के भाई विजेंद्र नाथ तिवारी पs जानलेवा हमला के ममिला सामने आइल बा। गंभीर रूप से घायल विजेंद्र नाथ तिवारी के इलाज पटना पीएमसीएच में चल रहल बा। घटना के जानकारी मिलते पुलिस कार्रवाई सुरू कs देलस आ एगो मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। बाकी आरोपी के गिरफ्तारियन खातिर छापेमारी जारी बा।

बरौली आ माधोपुर थाना क्षेत्र में भइल घटना

ई घटना गोपालगंज जिला के बरौली आ माधोपुर थाना क्षेत्र के बेलसंड गांव में अतवार के भइल। बतावल जा रहल बा कि पुरान जमीन विवाद आ आपसी रंजिश के चलते एह हमला के अंजाम दिहल गइल।

जानकारी के मोताबिक, अतवार के देर सांझा जब अभिनेता के भाई अपना घर के दरवाजा पs बइठल रहस, ओही दौरान अचानक कुछ लोग उनका उपर हमला कs दिहल।

हमला में विजेंद्र नाथ तिवारी गंभीर रूप से घायल हो गइलें आ खून से लथपथ होके जमीन पs गिर पड़लें। घटना के बाद आसपास के लोग आ परिवार के सदस्य तुरंत मवका पs पहुंचल लोग। लोगन के आवत देख आरोपी फरार हो गइले सs।

हमला के बाद गांव में अफरा-तफरी के माहौल बन गइल। परिजन आ स्थानीय लोग घायल के तुरंत गोपालगंज सदर अस्पताल पहुंचावल, जहां डॉक्टर हालत गंभीर देख पटना पीएमसीएच रेफर कs दिहल।

प्रत्यक्षदर्शियन के बयान पs दर्ज भइल मामला

घटना के सूचना मिलते स्थानीय थाना के पुलिस तुरंत सक्रिय हो गइल आ जांच खातिर घटनास्थल पs पहुंचल। पुलिस पीड़ित आ प्रत्यक्षदर्शियन के बयान के आधार पs केस दर्ज कs लेले बिया।

पुलिस के सुरुआती जांच में ममिला पुरान जमीन विवाद से जुड़ल बतावल जा रहल बा। पुलिस आरोपी लोगन के पहचान कs लिहले बिया।

एगो मुख्य आरोपी गिरफ्तार

वारदात के बाद आरोपी फरार हो गइल रहलें। पुलिस कार्रवाई करत एगो मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया। गिरफ्तार आरोपी से पूछताछ कs के बाकी लोगन के बारे में जानकारी जुटावल जा रहल बा।पुलिस के कहनाम बा कि पूरा ममिला के निष्पक्ष जांच कइल जा रहल बा आ हमला में सामिल सब आरोपियन के जल्दी गिरफ्तार कइल जाई।

कुल्हाड़ी आ धारदार हथियार से हमला के आरोप

सदर एसडीपीओ-2 राजेश कुमार के मोताबिक, पुरान जमीन विवाद के चलते ई घटना भइल। विजेंद्र नाथ तिवारी अपना घर के लगे माटी भरवावत रहलें, एही दौरान आरोपी पीछे से आके कुल्हाड़ी आ धारदार हथियार से हमला कs दिहल।

ऊ कहलें कि घायल के इलाज पटना में चल रहल बा। मुख्य आरोपी राजेश साह के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। घटना में सामिल आउर लोगन के भूमिका के जांच कइल जा रहल बा। जल्दिये हमला में सामिल सब बदमाशन के जेल भेजे के कार्रवाई कइल जाई।

Read Also: Share Bazar : सेंसेक्स 400 अंक से जादे उछलल, निफ्टी 24,100 के पार पहुंचल, जानीं बाजार के हालhttps://khabarbhojpuri.com/stock-market-update-sensex-gains-400-points-nifty-crosses-24100/

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-