IND A vs SL A Final : विवाद भुलाके ट्रॉफी जीते उतरी भारत ए, वैभव सूर्यवंशी पs बा सब केहू के नजर

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत ए के टीम त्रिकोणीय सीरीज के फाइनल में आज अतवार के श्रीलंका ए के सामना करी। एह मुकाबला में सब केहू के नजर नवहा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी पs रही। भारत ए के कोसिस रही कि लीग मैच में सुपर ओवर से मिलल हार के बदला लेके सीरीज अपना नाम करे।

लीग मुकाबला में श्रीलंका ए भारत ए के सुपर ओवर में हरवले रहे। एह मैच के बाद मैदान पs माहौल गरमा गइल रहे आ वैभव सूर्यवंशी आ श्रीलंका के खिलाड़ी विशेन हलाम्बेज के बीच कहासुनी देखे के मिलल रहे।

का रहे विवाद के पूरा ममिला?

श्रीलंका ए आ भारत ए के बीच खेलल गइल मुकाबला 50 ओवर के बाद टाई हो गइल रहे। ओकरा बाद सुपर ओवर में श्रीलंका ए 16 रन बनवलस, जबकि भारत ए के टीम खाली 9 रन बना सकल। मैच खतम भइला के बाद तनाव बढ़ गइल। श्रीलंका के विशेन हलाम्बेज आ वानूजा सहन के भारतीय बल्लेबाजन से बहस करत देखल गइल।

वीडियो में सूर्यांश शेडगे के हलाम्बेज के ओर बल्ला करत देखावल गइल। एकरा बाद वैभव सूर्यवंशी आ श्रीलंकाई खिलाड़ियन के बीच तीखा बहस भइल आ दुनो एक-दूसरा के धक्का देत नजर आइल लोग। बाद में विकेटकीपर निरोशन डिकवेला बीच-बचाव कs के दुनो के अलग कइलें। अब देखे वाला बात होई कि फाइनल में दुनो टीम पिछिला विवाद भुलाके खेल भावना के संगे मैदान पs उतरेली सs कि ना।

वैभव सूर्यवंशी से बड़ पारी के उम्मीद

15 साल के नवहा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी पs एह मुकाबला में खास नजर रही। आईपीएल 2026 में सानदार प्रदर्शन के बाद उनका आयरलैंड आ इंग्लैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय सीनियर टीम में जगह मिलल बा।

आईपीएल 2026 में वैभव 16 मैच में 237.31 के सानदार स्ट्राइक रेट से 776 रन बनवले रहलें, जवना में 72 छक्का सामिल रहे। हालांकि श्रीलंका दौरा पs धीमा पिच पर ऊ संघर्ष करत नजर अइलें। चार मुकाबला में ऊ 14, 44, 21 आ 38 रन बनवले बाड़ें। अब फाइनल में उनका से एगो बड़ पारी के उम्मीद बा।

गायकवाड़ भारत ए के बल्लेबाजी के मजबूत आधार

भारत ए अफगानिस्तान ए के खिलाफ जीत से उत्साहित बा। एह मुकाबला में भारत पहिले बल्लेबाजी करत 9 विकेट पs 319 रन बनवलस, जबकि अफगानिस्तान के टीम 218 रन पs ऑलआउट हो गइल।कप्तान तिलक वर्मा, प्रियांश आर्या आ कुमार कुशाग्र अर्धशतक लगवलें। गेंदबाजी में निशांत सिंधू सानदार प्रदर्शन करत 31 रन देके चार विकेट लेलें।

ऋतुराज गायकवाड़ टीम के बल्लेबाजी के मुख्य आधार रहल बाड़ें। ऊ अब तक एगो शतक के संगे 234 रन बना चुकल बाड़ें। जदि ओपनर बल्लेबाज बढ़िया सुरुआत ना दे पावत बा लोग तs गायकवाड़ पs पारी संभारे के जिम्मेदारी रही।

गेंदबाजी में अरशद आ यश ठाकुर से उम्मीद

भारत ए के गेंदबाजी में अरशद खान आ यश ठाकुर से सुरुआती सफलता के उम्मीद रही। अरशद श्रीलंका ए के खिलाफ मुकाबला में 50वां ओवर में खाली चार रन देके मैच सुपर ओवर तक पहुंचवले रहलें। धीमा पिच पs निशांत सिंधू, विपराज निगम आ अनुकूल रॉय के स्पिन तिकड़ी अहम भूमिका निभा सकेला।

भारत ए टीम

तिलक वर्मा (कप्तान), प्रियांश आर्या, वैभव सूर्यवंशी, आयुष बदोनी, निशांत सिंधू, हर्ष दुबे, सूर्यांश शेडगे, प्रभसिमरन सिंह (विकेटकीपर), कुमार कुशाग्र (विकेटकीपर), विपराज निगम, यश ठाकुर, युद्धवीर सिंह, अंशुल कंबोज, अरशद खान।

श्रीलंका ए टीम

सहान अराचिगे (कप्तान), निरोशन डिकवेला (विकेटकीपर), अविष्का फर्नांडो, नुवानिदु फर्नांडो, सदीरा समाराविक्रमा, चमिका करुणारत्ने, विजयकांत व्यासकांत, रविंदु फर्नांडो, विशेन हलंबेज, दुलज समुदिथा, मोहम्मद शिराज, अहान विक्रमसिंघे, कुगथास मथुलन, वानूजा सहन, चमिका गुणसेकरा, गरुका संकेत।

Read Also: 21 जून 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-