दिनांक- 21/06/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष
तिथि– सप्तमी
दिन के 03 बजके 20 मिनट ले,
ओकरा बाद अष्टमी।
दिन- अतवार।
पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 09 बजके 31 मिनट ले,
ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।
सिद्धि जोग
दिन के 11 बजके 21 मिनट ले,
ओकरा बाद व्यातीपात जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 22/06/2026
ज्येष्ठ शुक्ल पक्ष
तिथि- अष्टमी
दिन के 03 बजके 40 मिनट ले।
दिन- सोमार।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 10 बजके 22 मिनट ले।
व्यातीपात जोग
दिन के 10 बजके 30 मिनट ले।
बव करण।


आज धन से जुड़ल ममिला में सावधानी बरते के जरूरत बा। नौकरी आ बेयपार में मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला।
आज राउर बातचीत के तरीका से फायदा मिली। रुकल काम पूरा हो सकेला। पढ़ाई करे वाला लोगन खातिर दिन बढ़िया रही। जतरा के जोग बन रहल बा।
आज मन में नया ऊर्जा महसूस होई। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत से सफलता जरूर मिली। भावुक होके फैसला मत लीं।


आज राउर मेहनत के फल मिले के समय बा। आत्मविश्वास बढ़ी। निवेश करे से पहिले सोच-विचार जरूर करीं। खीस पs नियंत्रण रखीं।








