[the_ad_group id="30365"]

World Yoga Day : पीएम मोदी कोलकाता में तs रक्षामंत्री राजनाथ सिंह मेघालय में कइलें योग, देखीं तस्वीर

World Yoga Day 2026 PM Modi Rajnath Singh Yoga Photos
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। 12वां विश्व योग दिवस के मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोलकाता में आम लोगन के संगे योग कइलें। एह दौरान पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री सुवेंदु अधिकारी सहित उनकर मंत्रिमंडल के कइयन गो सदस्य मवजूद रहे लाेग।

कार्यक्रम में प्रधानमंत्री मोदी लोगन के संबोधित करत कहलें कि योग अब दुनिया के सबसे बड़ सामुदायिक उत्सव बन गइल बा। ई अलग-अलग देस आ संस्कृति के लोगन के एक संगे जोड़े के काम करत बा।

पीएम मोदी लोगन के योग के फायदा समझवलें

कोलकाता में आयोजित योग कार्यक्रम के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अपना आसपास योग कs रहल लोगन के योग के महत्व समझावत नजर अइलें। पीएम मोदी कहलें कि नियमित योग करे से देह स्वस्थ रहेला आ इंसान बढ़त उमर में जवान आ ऊर्जावान महसूस करेला। ऊ लोगन से जोग के अपना रोजमर्रा के जिनगी के हिस्सा बनावे के अपील कइलें।

मेघालय में रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कइलें योग

विश्व योग दिवस पs जहां प्रधानमंत्री मोदी कोलकाता में मवजूद रहलें, ओहिजा रक्षामंत्री राजनाथ सिंह मेघालय में योग कार्यक्रम में हिस्सा लेलें। रक्षामंत्री भारतीय वायुसेना प्रमुख आ सेना के अधिकारियन के संगे योग कइलें। एह दौरान जवान लोग बढ़-चढ़के हिस्सा लिहल।

दिल्ली में शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान योग में भइलें सामिल

नीट-री परीक्षा के तइयारी के बीच केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान दिल्ली में आयोजित योग कार्यक्रम में सामिल भइलें। ऊ एह मौका पs योग कs के स्वस्थ जिनगी के संदेश देलें।

गुवाहाटी में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण कइली योग

विश्व योग दिवस पs केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण असम के गुवाहाटी में योग कार्यक्रम में हिस्सा लेनी। एह दौरान असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा वित्त मंत्री के संगे योग करत नजर अइलें।

महाराष्ट्र में पीयूष गोयल योग कार्यक्रम में सामिल

केंद्रीय वाणिज्य आ उद्योग मंत्री पीयूष गोयल महाराष्ट्र में अपना सहजोगियन के संगे योग कइलें। मुंबई लोकसभा क्षेत्र से सांसद पीयूष गोयल अपना क्षेत्र में आयोजित योग कार्यक्रम में हिस्सा लेके लोगन के स्वास्थ्य के प्रति जागरूक कइलें।

पंजाब में भाजपा अध्यक्ष नितिन नबीन कइलें योग

विश्व योग दिवस के अवसर पs भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नबीन पंजाब के जालंधर में आयोजित योग कार्यक्रम में सामिल भइलें। एह दौरान ऊ पंजाब भाजपा के नेता लोगन के संगे योग अभ्यास कइलें।

दिल्ली में ओम बिरला आ हरिवंश नारायण कइलें योग

योग दिवस पs लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला आ राज्यसभा के उपसभापति हरिवंश नारायण सिंह दिल्ली में योग करत नजर अइलें। एह कार्यक्रम में पूर्व कानून मंत्री आ लोकसभा सांसद रविशंकर प्रसाद मवजूद रहलें।

पीएम मोदी के संगे योग करे खातिर जुटल बड़ भीड़

विश्व योग दिवस के मवका पs कोलकाता में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संगे योग करे खातिर बड़ संख्या में लोग पहुंचल रहे। हालांकि सुरक्षा बेवस्था बहुते कड़ा रहे। कार्यक्रम स्थल पs पहुंचे वाला हर व्यक्ति के जांच के बादे अंदर जाये के अनुमति दिहल गइल। विश्व योग दिवस पs देसभर में लोग योग कs के स्वस्थ जिनगी आ निरोगी देह के संदेश देलें।

Read Also: IND A vs SL A Final : विवाद भुलाके ट्रॉफी जीते उतरी भारत ए, वैभव सूर्यवंशी पs बा सब केहू के नजर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]