FIFA WC : का भारत में फैंस ना देख सकी लोग फुटबॉल विश्व कप? प्रसारण अधिकार अब तक ना बिकल, जानीं का बा चउकावे वाला वजह

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। फीफा विश्व कप 2026 के सुरू होखे में अब 50 दिन के समय बांचल बा। एह बड़ टूर्नामेंट के करीब आवतही दुनिया भर के फुटबॉल फैंस के उत्सुकता बढ़त जा रहल बा, बाकिर मन में एगो बड़ सवाल अभियो अनसुलझल बा। दरअसल, मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, एह मेगा इवेंट के ब्रॉडकास्ट राइट्स माने प्रसारण अधिकार आखिर अभी ले बिक नइखे सकल?

आमतौर पs एतनाा बड़ टूर्नामेंट खातिर टीवी आ डिजिटल अधिकारन के लेके कड़ा प्रतिस्पर्धा देखे के मिलत रहल बा, बाकिर अबकि बेर हालात अलग नजर आ रहल बा। फीफा विश्व कप के आगाज 11 जून से होखे जा रहल बा। टूर्नामेंट के इतिहास में अबकि बेर सबसे जादे 48 टीम हिस्सा लिहे सs आ ई अमेरिका, कनाडा आ मैक्सिको के मेजबानी में खेलल जाई। एह टूर्नामेंट के फाइनल 19 जुलाई के खेलल जाई।

भारतीय फैंस खातिर चिंता के वजह

भारत में फुटबॉल के लोकप्रियता पिछिला कुछ बरिसन में तेजी से बढ़ल बा। यूरोपीय लीग्स से लेके वर्ल्ड कप तक, दर्शकन के संख्या लगातार बढ़ल बा। अइसन में जब फीफा वर्ल्ड कप जइसे प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के प्रसारण के लेके अनिश्चितता बनल बा, तs ई भारतीय फुटबॉल समुदाय खातिर चिंता के विषय बन गइल बा। ई इस्थिति ओह दौर के इयाद देले बा जब इंडियन सुपर लीग के आयोजन के लेके असमंजस पैदा हो गइल रहे, जवना में देस में फुटबॉल कल्चर के झटका लागल बा। जदि अबकि बेर ब्रॉडकास्ट डील समय पs नइखे, तs ई खेल के प्रचार-प्रसार पs असर डाल सकत बा।

आखिर काहे अटकल बा डील?

एह पूरा ममिला के जड़ में सबसे बड़ कारण बा ब्रॉडकास्टिंग राइट्स के ऊंचां कीमत। रिपोर्ट्स के मोताबिक, फीफा भारत खातिर जवन कीमत तय कइले बा, स्थानीय ब्रॉडकास्टर्स के अपेक्षन से बहुते जादे बा। फीफा ब्रॉडकास्टिंग राइट्स के कीमत में भारी कटौती करत लगभग 100 मिलियन डॉलर से घटाके करीब 35-40 मिलियन डॉलर कs देले बा, एकरा बादो कवनो ब्रॉडकास्टर डील खातिर आगे नइखे आइल। सोनी स्पोर्ट्स नेटवर्क आ जियोस्टार जइसन बड़ खिलाड़ी एह रेस में जरूर बा, बाकिर ऊ फिलहाल पीछे हटल बा। एकरा से साफ बा कि कम रिटर्न ऑन इन्वेस्टमेंट (ROI), क्रिकेट पs भारी निवेश जइसन समस्या बड़ बाधा बनल बा।

विज्ञापनो क्रिकेट के तुलना में कम

फुटबॉल में विज्ञापन के मवका क्रिकेट के तुलना में सीमित होला काहेकि ई एगो लगातार चले वाला खेल बा, जवना में ब्रेक कम होला। एकरा अलावे, भारतीय टीम के अनुपस्थिति विज्ञापन देवे वालन के जादे पईसा लगावे से रोकेला। अइसन में ब्रॉडकास्टर्स के ई सौदा ओतना फायदा के नइखे लागत।

टाइमिंग बनल बड़ समस्या

2026 वर्ल्ड कप अमेरिका महाद्वीप में खेलल जाई, जवना से मैचन के समय भारतीय दर्शकन खातिर बहुते चुनौतीपूर्ण हो जाला। मुकाबला भारतीय समयानुसार आधा रात से सबेरे तक खेलल जाई। भलही कट्टर फुटबॉल फैंस कवनो समय मैच देखे के तइयार रहत होखे, बाकिर नौकरीपेशा लोगन आ आम दर्शकन खातिर ई समय सुविधाजनक नइखे। एकर सीधा असर व्यूअरशिप पs पड़ सकत बा आ कम दर्शकन के मतलब बा विज्ञापन से कम कमाई। इहे कारण बा कि ब्रॉडकास्टर्स महंगा राइट्स किने में हिचकिचा रहल बा लोग।

का अपनावल जाई लेट एंट्री’ रणनीति?

एह पूरा ममिला में एगो दिलचस्प संभावना इहो बा कि ब्रॉडकास्टर्स आखिरी समय तक इंतजार करे लोग। 2022 वर्ल्ड कप के बेरा अइसने भइल रहे, जब जियोस्टार देर से राइट्स किनलस आ मैचन के मुफ्त में स्ट्रीम कइलस। एह रणनीति से उनका कम कीमत पs अधिकार मिल गइल आ उनका प्लेटफॉर्म पs यूजर्स के संख्या में जबरदस्त इजाफा भइल। अबकियो बेर अइसने रणनीति अपनावल जा सकेला, जहां अंतिम समय में डील फाइनल होखे।

का सरकार कर सकत बिया दखल?

भारत में स्पोर्ट्स ब्रॉडकास्टिंग सिग्नल्स एक्ट के तहत राष्ट्रीय महत्व के खेल आयोजनन के सार्वजनिक प्रसारक के संगे साझा कइल जरूरी होला। हालांकि ई नियम आमतौर पs भारत से जुड़ल मैचन पs लागू होला, बाकिर जदि कवनो निजी ब्रॉडकास्टर राइट्स नइखे किनत, तs सरकार दूरदर्शन के माध्यम से प्रसारण सुनिश्चित करे के कोसिस कs सकत बिया। कुछ मीडिया रिपोर्ट्स में इहो कहल गइल कि, प्रसार भारती एह राइट्स के हासिल करे के विकल्प के रूप में उभरके सामने आइल बा।

का फैंस के मिली समाधान?

फिलहाल इस्थिति ई बा कि भारत में 2026 वर्ल्ड कप देखे खातिर कवनो आधिकारिक टीवी चैनल भा स्ट्रीमिंग प्लेटफॉर्म तय नइखे भइल। जवना से फैंस के बीच चिंता बनल बा। हालांकि, एतना बड टूर्नामेंट के बिना ब्रॉडकास्ट डील के रहला के संभावना बहुते कम बा। आमतौर पs अइसन ममिलन में अंततः दूनों पक्ष, माने फीफा आ ब्रॉडकास्टर्स आपसी बातचीत से कवनो समझौता पs पहुंच जाला। भारतीय फैंस के उम्मीद बा कि जल्दिये कवनो ठोस फैसला सामने आई ऊ लोग एह प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के पूरा आनंद ली।फिलहाल, सब केहू के नजर एह बात पs टिकल बा आखिर ई डील कब आ केकरा संगे फाइनल होला।

Read Also: Assembly Election : मुर्शिदाबाद में वोटिंग के दौरान झड़प, TMC कार्यकर्ता लोग हुमायूं कबीर के घेरल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-