[the_ad_group id="30365"]

Team India : कोहली के बाद भारत के एगो आउर बड़ झटका, हार्दिक पांड्या अफगानिस्तान सीरीज से बाहर, फिटनेस टेस्ट में लागल नया चोट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम के अफगानिस्तान खिलाफ सुरू होखे जा रहल वनडे सीरीज से पहिले एगो बड़ झटका लागल बा। स्टार ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या ताजा चोट के कारण तीन मैचन के पूरा सीरीज से बाहर हो गइल बाड़ें। हार्दिक के बेंगलुरु इस्थित बीसीसीआई सेंटर ऑफ एक्सीलेंस (CoE) में फिटनेस जांच के दौरान जांघ के मांसपेशी (क्वाड्रिसेप्स) में खिंचाव आ गइल।

हार्दिक हाले में आईपीएल के दौरान लागल पीठ के ऐंठन (बैक स्पाज्म) से उबरत रहलें। मंगर के खबर आइल रहे कि रोहित शर्मा के संगे हार्दिक के फिटनेस क्लीयरेंस मिल गइल बा, बाकिर अब नया चोट सामने अइला के बाद उनकर वापसी फेर टल गइल बा।

फिटनेस टेस्ट के दौरान बढ़ल परेसानी

जानकारी के मोताबिक, फिटनेस मूल्यांकन के समय हार्दिक पूरा 10 ओवर गेंदबाजी कइलें। एह दौरान उनकर क्वाड्रिसेप्स मांसपेशी में खिंचाव आ गइल। डॉक्टरन के अनुसार एह चोट से उबरे खातिर कम से कम तीन हफ्ता के रिहैब प्रक्रिया जरूरी बा।

बीसीसीआई के एगो सूत्र बतवलस कि हार्दिक के रिकवरी में करीब तीन सप्ताह लागी, एह चलते अफगानिस्तान के खिलाफ वनडे सीरीज में उनकर खेलल लगभग नामुमकिन बा।

हार्दिक के फिटनेस क्लीयरेंस मिलला के एक दिन बादे सीरीज से बाहर होखे के खबर सामने अइला पs फैंस में सवाल उठ रहल बा। सोशल मीडिया पs कइयन गो लोग टीम के भीतर कुछ गड़बड़ी होखे के अटकल लगावत बा।

14 जून से सुरू होई भारत-अफगानिस्तान सीरीज

भारत आ अफगानिस्तान के बीच तीन मैचन के वनडे सीरीज 14 जून से धर्मशाला में सुरू होई। दूसरका मुकाबला 17 जून के लखनऊ आ तिसरका मैच 20 जून के चेन्नई में खेलल जाई।

हार्दिक के बाहर होखे से टीम इंडिया के संतुलन पs असर पड़ सकेला, काहे कि ऊ बल्लेबाजी आ गेंदबाजी दुनो विभाग में अहम भूमिका निभावेलें।

2027 विश्व कप योजना के महत्वपूर्ण हिस्सा बाड़ें हार्दिक

हार्दिक पांड्या के हाले में भारतीय टी20 टीम से आराम दिहल गइल रहे ताकि ऊ वनडे क्रिकेट पs जादे ध्यान दे सकस। चयन समिति आ टीम प्रबंधन 2027 वनडे विश्व कप के तइयारी पs फोकस कइले बा आ हार्दिक के एह योजना के महत्वपूर्ण हिस्सा मानल जा रहल बा।

2023 वनडे विश्व कप के दौरान बांग्लादेश खिलाफ मैच में टखना में चोट लगला के बाद टीम इंडिया के संतुलन बनावे में बहुते दिक्कत भइल रहे। एह वजह से टीम प्रबंधन अब हार्दिक के फिटनेस पs खास नजर रखले बा।

मुख्य चयनकर्ता अजीत अगरकर पिछिला हफ्ता कहले रहलें कि टीम के सबसे बड़ प्राथमिकता हार्दिक के वनडे क्रिकेट खातिर पूरा तरे फिट राखल बा।

अगरकर के मोताबिक, जसप्रीत बुमराह के तरे जदि हार्दिको के फिट राखल जा सके आ नियमित रूप से वनडे खिलावल जा सके, तs ई टीम खातिर सबसे बेहतर इस्थिति होई। टी20 टीम से बाहर रखल उनकर वर्कलोड मैनेजमेंट के हिस्सा रहे।

इंग्लैंड सीरीज पs नजर

अफगानिस्तान सीरीज के बाद भारत के इंग्लैंड खिलाफ तीन मैचन के वनडे सीरीज खेलल बा। बीसीसीआई आ टीम इंडिया के उम्मीद रही कि हार्दिक समय पर फिट होके वापसी करस।

आवे वाला बड़ टूर्नामेंटन के देखत हार्दिक के पूरा तरे फिट राखल टीम प्रबंधन के प्राथमिकता बा। एह कारण जल्दबाजी में मैदान पs उतारे के बजाय उनकर पूरा इलाज आ रिकवरी पs जोर दिहल जा रहल बा।

Read Also: Gurugram News : गुरुग्राम में रात में पुलिस के दबिश, झुग्गी-झोपड़ी आ होटलन में बांग्लादेशी नागरिकन के खोज, कागजात ना देखवला पs हो सकेला कार्रवाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]