[the_ad_group id="30365"]

Women’s T20 World Cup 2026 : महिला टी20 विश्व कप के सुरुआत 12 जून से, इहां देखीं पूरा शेड्यूल, एह दिन होई भारत-पाकिस्तान के महामुकाबला

Women's T20 World Cup 2026: India vs Pakistan Match Schedule
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। महिला क्रिकेट के सबसे बड़ टूर्नामेंटन में से एगो आईसीसी महिला टी20 विश्व कप 2026 के सुरुआत 12 जून से होखे जा रहल बा। इंग्लैंड आ वेल्स के मेजबानी में खेलल जाये वाला एह टूर्नामेंट में दुनिया के 12 गो टीम खिताब खातिर आमने-सामने होई। 24 दिन तक चले वाला एह प्रतियोगिता के फाइनल मुकाबला 5 जुलाई के ऐतिहासिक लॉर्ड्स क्रिकेट मैदान पs खेलल जाई।

टूर्नामेंट के उद्घाटन मैच मेजबान इंग्लैंड आ श्रीलंका के बीच एजबेस्टन में खेलल जाई। ओहिजा भारतीय फैंस के नजर 14 जून पs टिकल रही, जब भारत आ पाकिस्तान के टीम एक-दूसरा से भिड़ी।

भारत-पाकिस्तान मैच पs रही सब केहू के नजर

भारत आ पाकिस्तान के बीच क्रिकेट मुकाबला हमेशा रोमांच, दबाव आ जोश से भरल रहेला। एह वजह से टूर्नामेंट के सुरुआती दौर में होखे वाला ई मैच क्रिकेट प्रेमियन खातिर कवनो त्योहार से कम ना होई। भारत के ग्रुप चरण में ऑस्ट्रेलिया आ दक्षिण अफ्रीका जइसन मजबूत टीमन से मुकाबला करे के बा, एह चलते सेमीफाइनल तक पहुंचे के राह आसान ना रही।

ग्रुप पs एक नजर

ग्रुप-1

भारत, ऑस्ट्रेलिया, दक्षिण अफ्रीका, पाकिस्तान, बांग्लादेश, नीदरलैंड

ग्रुप-2

इंग्लैंड, वेस्टइंडीज, न्यूजीलैंड, श्रीलंका, आयरलैंड, स्कॉटलैंड

टूर्नामेंट के खास बात

  • 12 टीम हिस्सा ली
  • कुल 33 मैच खेलल जाई
  • 5 ट्रिपल हेडर आ 5 डबल हेडर मुकाबला होई
  • नीदरलैंड पहिला बेर महिला टी20 विश्व कप में खेली
  • फाइनल मुकाबला लॉर्ड्स में आयोजित होई
  • भारत-पाकिस्तान के मुकाबला 14 जून के एजबेस्टन में खेलल जाई

नॉकआउट मुकाबला के कार्यक्रम

तारीख मुकाबला स्थान समय (IST)
30 जून सेमीफाइनल 1 द ओवल साँझ 7:00 बजे
2 जुलाई सेमीफाइनल 2 द ओवल रात 11:00 बजे
5 जुलाई फाइनल लॉर्ड्स साँझ 7:00 बजे

भारतीय टीम के प्रमुख मैच

तारीख मुकाबला स्थान समय (IST)
14 जून भारत बनाम पाकिस्तान एजबेस्टन साँझ 7:00 बजे
17 जून भारत बनाम नीदरलैंड हेडिंग्ले साँझ 7:00 बजे
21 जून भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका ओल्ड ट्रैफर्ड साँझ 7:00 बजे
25 जून भारत बनाम बांग्लादेश ओल्ड ट्रैफर्ड साँझ 7:00 बजे
28 जून भारत बनाम ऑस्ट्रेलिया लॉर्ड्स साँझ 7:00 बजे

महिला क्रिकेट के इतिहास में एह विश्व कप के सबसे प्रतिस्पर्धी टी20 टूर्नामेंट मानल जा रहल बा। भारत के नजर पहिला बेर महिला टी20 विश्व कप के खिताब जीते पs बा, जबकि ऑस्ट्रेलिया आपन दबदबा कायम रखे के इरादा से मैदान में उतरी। भारत-पाकिस्तान के रोमांचक मुकाबला से लेके लॉर्ड्स में होखे वाला फाइनल तक, क्रिकेट प्रेमियन के लगभग हर दिन जबरदस्त मुकाबला देखे के मवका मिली।

Read Also: 10 जून 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]