Women’s T20 World Cup : अब तक ऑस्ट्रेलिया के दबदबा बरकरार, बाकिर का भारत बा पहिला खिताब खातिर तइयार?

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 7, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। महिला टी20 विश्व कप 2026 के आगाज 12 जून से होखे जा रहल बा। ई टूर्नामेंट के 10वां संस्करण होई, जवन दुनिया भर के महिला क्रिकेट प्रेमियन खातिर खास आकर्षण के केंद्र बनी।

Share

Women's T20 World Cup

स्पोर्ट्स डेस्क। महिला टी20 विश्व कप 2026 के आगाज 12 जून से होखे जा रहल बा। ई टूर्नामेंट के 10वां संस्करण होई, जवन दुनिया भर के महिला क्रिकेट प्रेमियन खातिर खास आकर्षण के केंद्र बनी। महिला टी20 विश्व कप के इतिहास पs नजर डालल जावs तs ऑस्ट्रेलिया के दबदबा सबसे जादे रहल बा। दूसरका ओर भारतीय महिला टीम अभी तक एह फॉर्मेट में विश्व कप के खिताब जीते में सफल नइखे हो सकल।

भारत पिछिला साल अपना जमीन पs वनडे विश्व कप जीतके पहिला आईसीसी ट्रॉफी हासिल कइले रहे। अब टीम के नजर टी20 विश्व कप 2026 में इतिहास रचला पs टिकल बा।

ऑस्ट्रेलिया सबसे सफल टीम

महिला टी20 विश्व कप के सबसे सफल टीम ऑस्ट्रेलिया रहल बिया। कंगारू टीम अभी तक कुल 6 बेर ई प्रतिष्ठित ट्रॉफी जीत चुकल बिया। ऑस्ट्रेलिया 2010, 2012, 2014, 2018, 2020 आ 2023 में चैंपियन बनल रहे। एह सानदार रिकॉर्ड के चलते एकरा के महिला टी20 क्रिकेट के सबसे मजबूत टीम मानल जाला।

इंग्लैंड, वेस्टइंडीज आ न्यूजीलैंड बन चुकल बा चैंपियन

महिला टी20 विश्व कप के पहिला संस्करण 2009 में इंग्लैंड जीतले रहे। फाइनल में इंग्लैंड न्यूजीलैंड के हराके खिताब अपना नामे कइले रहे।

वेस्टइंडीज 2016 में ऑस्ट्रेलिया के हराके पहिलका बेर चैंपियन बनल। कैरेबियाई टीम फाइनल में शानदार प्रदर्शन करत ऑस्ट्रेलिया के लगातार तीसरा खिताब जीते के सपना तुड़ देले रहे।

न्यूजीलैंड करी खिताब के बचाव

साल 2024 के महिला टी20 विश्व कप न्यूजीलैंड जीतले रहे। फाइनल मुकाबला में कीवी टीम दक्षिण अफ्रीका के 32 रन से हरवले रहे। अब न्यूजीलैंड 2026 के टूर्नामेंट में अपना खिताब के बचाव करे उतरी।

भारत पs टिकल बा फैंस के नजर

महिला टी20 विश्व कप 2026 में भारतीय टीम से प्रशंसकन के बहुते उम्मेद बा। टीम जदि बेहतर प्रदर्शन करे में सफल रहल तs पहिलका बेर महिला टी20 विश्व कप के ट्रॉफी भारत के झोली में आ सकेला।

Read Also: India-Nepal Relations : ‘हमनी के एके नदियन के संतान बानी सs’, नेपाल के बिदेस मंत्री भारत संगे मजबूत साझेदारी पs देलें जोर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.