स्पोर्ट्स डेस्क। जुवा स्पिनर मानव सुथार के घातक गेंदबाजी के दम पs भारत मुल्लांपुर में खेलल गइल टेस्ट मैच में अफगानिस्तान के करारी शिकस्त दे देलस। टीम इंडिया मुकाबला पारी आ 300 रन से जीत लेलें, जवन भारतीय टेस्ट इतिहास के सबसे बड़ जीत बन गइल बा। शुभमल गिल के कप्तानी में भारतीय टीम पहिलके दिन से मैच पs पकड़ बनवले रहल आ तिसरका दिन मुकाबला खत्म कs देलस।
भारत खातिर टेस्ट डेब्यू करे वाला मानव सुथार पहिला पारी में सानदार गेंदबाजी करत 6 विकेट झटकलें। दूसरका पारी में कुलदीप यादव आ वाशिंगटन के जलवा रहल। सुंदर 4 विकेट आ कुलदीप 3 विकेट हासिल कइलें। भारतीय स्पिनरन के सामने अफगानिस्तान के बल्लेबाज पूरा तरे बेबस नजर अइलें आ भारत पारी आ 300 रन से ऐतिहासिक जीत दर्ज कइलें।
मानव सुथार के नाम रहल मैच
अफगानिस्तान के खिलाफ एह मुकाबला में जुवा स्पिनर मानव सुथार के डेब्यू करे के मवका मिलल। ऊ अपना पहिलका टेस्ट में कमाल करत कुल सात विकेट हासिल कइलें। पहिला पारी में छव विकेट लेके अफगानी टीम के मात्र 152 रन पs समेट देवे में अहम भूमिका निभवलें। दूसरका पारी में उनका एगो विकेट मिलल। रविंद्र जडेजा के गैरमवजूदगी में सुथार सानदार प्रदर्शन कइलें आ टीम के उनकर कमी महसूस ना होखे देलें।
केएल राहुल आ शुभमन गिल के शतक
भारत पहिला बल्लेबाजी करत 564 रन बनवलस आ पारी घोषित कs देलस। टीम खातिर केएल 100 रन आ कप्तान शुभमन गिल 126 रन के शतकीय पारी खेललें। एकरा अलावे साई सुदर्शन 81 रन, ऋषभ पंत 81 रन आ वॉशिंगटन सुंदर नाबाद 52 रन बनवलें। एह बल्लेबाजन के बदौलत भारत 564 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस, जवन अफगानिस्तान दूनो पारी खेलला के बादो ना छू सकल।
अफगानिस्तान के बल्लेबाजी पूरी तरह फ्लॉप
अफगानिस्तान के बल्लेबाजी मुकाबला में पूरा तरे फेल रहल। पहिला पारी में टीम 152 रन पs ऑलआउट हो गइल। अफगानी टीम खातिर रहमत शाह सबसे जादे 60 रन बनवलें। एकरा बाद भारत फॉलोऑन देलस, बाकिर दूसरका पारी में भारतीय स्पिनर अफगानी बल्लेबाजन पs भारी पड़ल लोग। टीम महज 112 रन पs सिमट गइल। भारत खातिर वॉशिंगटन सुंदर 4 विकेट, कुलदीप यादव 3 विकेट जबकि मोहम्मद सिराज आ मानव सुथार 1-1 विकेट हासिल कइलें।
भारत रचलस इतिहास
अफगानिस्तान के पारी आ 300 रन से हराके भारत टेस्ट क्रिकेट में नया इतिहास बना देलस। ई जीत टीम इंडिया के टेस्ट इतिहास के सबसे बड़ जीत बन गइल बा। एकरा पहिले भारत 2018 में राजकोट में वेस्टइंडीज के खिलाफ पारी आ 272 रन से जीत हासिल कइले रहे।
टेस्ट क्रिकेट में भारत के सबसे बड़ जीत
- अफगानिस्तान के खिलाफ – पारी आ 300 रन, मुल्लांपुर, 2026
- वेस्टइंडीज के खिलाफ – पारी आ 272 रन, राजकोट, 2018
- अफगानिस्तान के खिलाफ – पारी आ 262 रन, बेंगलुरु, 2018
- बांग्लादेश के खिलाफ – पारी आ 239 रन, मीरपुर, 2007
- श्रीलंका के खिलाफ – पारी आ 239 रन, नागपुर, 2017







