दिनांक- 06/06/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष
तिथि– षष्ठी
दिन के 02 बजके 41 मिनट ले,
ओकरा बाद सप्तमी।
दिन- सनिचर।
श्रवण नक्षत्र
सबेरे के 06 बजके 03 मिनट ले,
ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।
इन्द्र जोग
दिन के 10 बजके 04 मिनट ले,
ओकरा बाद वैधृति जोग।
गर करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 07/06/2026
ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष
तिथि- सप्तमी
रात के 03 बजके 24 मिनट ले।
दिन- अतवार।
धनिष्ठा नक्षत्र
सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले।
वैधृति जोग
सबेरे के 10 बजके 01 मिनट ले।
विष्टि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन राउर आत्मविश्वास बढ़ल रही। नौकरी आ कारोबार में नया मवका मिल सकेला। परिवार के सहजोग मिली। खरचा पs नियंत्रण रखीं।
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)
आज धीरज काम लेला के जरूरत बा। धन संबंधी मामिला में सोच-समझ के फैसला लीं। स्वास्थ्य ठीक रही, बाकिर खानपान पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज राउर मेहनत के पूरा फल मिल सकेला। नौकरीपेशा लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। संघतिया लोगन से मुलाकात हो सकेला।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। पुरान रुकल काम पूरा हो सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। जतरा के जोग बा।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान में बढ़न्ती हो सकेला। बेवसाय में लाभ मिली। नया काम सुरू करे खातिर समय अनुकूल बा।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

कामकाज में बाझल रही। कुछ चुनौती सामने आ सकेला, बाकिर बुद्धिमानी से समाधान निकल जाई। परिवार के सहजोग मिली।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज के दिन आर्थिक रूप से लाभदायक रही। निवेश से फायदा हो सकेला। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
आज भावुकता पs नियंत्रण रखीं। नौकरी आ बेवसाय में सावधानी जरूरी बा। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य के साथ मिली। शिक्षा, प्रतियोगिता आ करिअर से जुड़ल लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। नया अवसर मिल सकेला।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत के उचित परिणाम मिली। परिवार में मांगलिक चरचा हो सकेला। धन लाभ के जोग बा।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सामाजिक प्रतिष्ठा बढ़ी। नया संपर्क भविष्य में लाभ पहुंचा सकेला। जतरा के जोग बन रहल बा।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। धार्मिक आ आध्यात्मिक गतिविधियन में रुचि बढ़ी। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई आ परिवार में सुख-शांति बनल रही।
Read Also: Mobile Plans : 450 रुपिया से कम में 84 दिन के वैलिडिटी वाला प्लान, रोज के खर्चा बस 5.3 रुपिया







