07 जून 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 07/06/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि सप्तमी

रात के 03 बजके 24 मिनट ले,

ओकरा बाद अष्टमी।

दिन- अतवार।

धनिष्ठा नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

वैधृति जोग

दिन के 10 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 08/06/2026

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 03 बजके 23 मिनट ले।

दिन-सोमार।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 09 बजके 09 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

सबेरे के 09 बजके 27 मिनट ले।

बालव करण।

 

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउरा खातिर बढ़िया रही। नौकरी आ कारोबार में फायदा के योग बा। परिवार के लोगन से सहयोग मिली। नया काम शुरू करे खातिर समय शुभ बा।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज खर्चा थोड़ा बढ़ सकेला। सोच-समझ के पैसा खर्च करीं। कामकाज में मेहनत के फल मिली। सेहत के ध्यान रखीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज मन खुश रही। दोस्त आ परिवार से अच्छा समाचार मिल सकेला। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। यात्रा के योग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कुछ बात के लेके तनाव हो सकेला। धैर्य से काम लीं। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ी। परिवार में खुशी के माहौल रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

भाग्य आज रउरा साथ दी। रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में तरक्की के संभावना बा। व्यापार में लाभ मिली।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज दिन सामान्य रही। सेहत पर ध्यान देवे के जरूरत बा। बेवजह विवाद से दूर रहीं। धन लाभ के योग बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज नया अवसर मिल सकेला। कारोबार में फायदा होई। दांपत्य जीवन सुखद रही। मित्र लोग से सहयोग मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला। सोच-समझ के फैसला लीं। परिवार के लोगन के सलाह फायदा करी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज यात्रा के योग बा। पढ़ाई आ प्रतियोगिता में सफलता मिल सकेला। धार्मिक काम में मन लागी।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आर्थिक स्थिति मजबूत होई। नौकरी में अधिकारी लोग खुश रही। परिवार में शुभ समाचार मिल सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज दिन मिलाजुला रही। नया योजना पर काम शुरू हो सकेला। दोस्त लोग से मदद मिली। सेहत ठीक रही।।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। पुरान समस्या के समाधान निकल सकेला। कारोबार में फायदा मिली। घर-परिवार में खुशी बनी रही।

Read Also: NEET-UG Paper Leak : मुख्य आरोपी शुभम के न्यायिक हिरासत 15 जून तक बढ़ल, मनीषा वाघमारे के जमानत पs फैसला 9 जून के

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-