[the_ad_group id="30365"]

Assembly Election : मुर्शिदाबाद में वोटिंग के दौरान झड़प, TMC कार्यकर्ता लोग हुमायूं कबीर के घेरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव 2026 खातिर मतदान जारी बा। बियफे के पहिला चरण में 16 जिला के 152 सीट पs वोट पड़ रहल बा।

कुल 1,478 उम्मीदवार चुनाव मैदान में बा लोग। एह 152 निर्वाचन क्षेत्र में 44 हजार से जादे मतदान केंद्र बनावल गइल बा, जवना में 7,384 केंद्र के बहुते संवेदनशील मानल गइल बा। एह चरण में करीब 3 करोड़ 60 लाख मतदाता अपना मताधिकार के इस्तेमाल कs रहल बा लोग।

मुख्य मुकाबला तृणमूल कांग्रेस आ भारतीय जनता पार्टी के बीच बा। कुल 44,376 बूथ पs वोटिंग हो रहल बा, जवना में करीब 3,000 सहायक बूथ सामिल बा। 5,444 बूथ के संचालन महिला लोग कs रहल बा आ 207 मॉडल बूथ बनावल गइल बा। चुनाव के दूसरका चरण अगिला बुध के होई।

हुमायूं कबीर आ TMC कार्यकर्तन में झड़प

मुर्शिदाबाद में हुमायूं कबीर आ TMC कार्यकर्तन के बीच झड़प हो गइल। कबीर ओह इलाका के दौरा पs रहलें, जहां एक दिन पहिले कच्चा बम फेंके के घटना भइल रहे। एह दौरान कार्यकर्ता उनकर घेराव कs लिहल, जवना के चलते हालात तनावपूर्ण हो गइल।

सबेरे 9 बजे तक मतदान के इस्थिति

सबेरे 9 बजे तक अलग-अलग जिला में मतदान कुछ एह तरे रहल-

  • पूर्व मेदिनीपुर – 18.81%
  • बीरभूम – 19.01%
  • जलपाईगुड़ी – 18.50%
  • मुर्शिदाबाद – 18.88%
  • कूचबिहार – 17.56%
  • पश्चिम मेदिनीपुर – 20.51%
  • बांकुड़ा – 20.20%
  • उत्तर दिनाजपुर – 17.54%
  • झाड़ग्राम – 19.94%
  • मालदा – 16.96%
  • दक्षिण दिनाजपुर – 18.81%
  • पश्चिम बर्द्धमान – 19%
  • पुरुलिया – 17.83%
  • अलीपुरद्वार – 17.70%
  • कालिम्पोंग – 18.74%
  • दार्जिलिंग – 18.80%

Read Also: Delhi Murder : दिल्ली में IRS अफसर के बेटी के फोन चार्जर के तार से गला घोंट के हत्या, यौन उत्पीड़न के आशंका, पुरान नौकर पs शक

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]