[the_ad_group id="30365"]

West Bengal Assembly Election 2026 : निर्वाचन आयोग के बड़ कार्रवाई, पांच पुलिस अफसर निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। भारत निर्वाचन आयोग पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव 2026 के दौरान गंभीर गड़बड़ी आ पक्षपात के आरोप में पांच गो पुलिस अफसरन के निलंबित कs देलस। एकरा संगही ओह लोगल के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा। निलंबित अफसरन में आईपीएस सहित एसडीपीओ आ प्रभारी निरीक्षक सामिल बा लोग।

आईपीएस सहित पांच अफसर निलंबित

निलंबित अफसरन में संदीप गराई (अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक, डायमंड हार्बर), साजल मंडल (एसडीपीओ, डायमंड हार्बर), मौसम चक्रवर्ती (इंस्पेक्टर इंचार्ज, डायमंड हार्बर थाना), अजय बाग (इंस्पेक्टर इंचार्ज, फलता थाना) आ शुभेच्छा बाग (ऑफिसर इंचार्ज, उस्थी थाना) सामिल बा लोग।

निर्वाचन आयोग सख्त डेग उठावत साफ कहले बा कि चुनाव प्रक्रिया में निष्पक्षता आ आचार संहिता के पालन करावल सबसे जरूरी बा।

केंद्रीय गृह मंत्रालय के भेजल जाई रिपोर्ट

निर्वाचन आयोग ईहो बतवलस कि आईपीएस अफसर संदीप गराई के ममिला में उनकर कैडर कंट्रोलिंग अथॉरिटी, माने केंद्रीय गृह मंत्रालय के एगो विस्तृत रिपोर्ट भेजल जाई। उह अफसरन के ऊपर कदाचार आ पक्षपात के आरोप बा।

एकरा अलावे, डायमंड हार्बर के पुलिस अधीक्षक ईशानी पाल के चेतावनी जारी कइल गइल बा, काहे कि ऊ चुनाव जइसन संवेदनशील ममिला में अपना अधीन अफसरन से अनुशासन आ निष्पक्षता सुनिश्चित करे में असफल रहली।

Read Also: 25 अप्रैल 2026 के राशिफल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]