स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) मुख्यालय में अजीत अगरकर के अगुवाई में चयन समिति के बैठक में आयरलैंड के खिलाफ दू गो टी20 मैच, इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टी20 सीरीज आ सितंबर में होखे वाला एशियाई खेल खातिर भारतीय टीम के चयन कइल गइल।
सूर्यकुमार यादव के जगह अब श्रेयस अय्यर भारतीय टी20 टीम के नया कप्तान बन गइल बाड़ें। ओहिजा, मात्र 15 साल के वैभव सूर्यवंशी के पहिला बेर सीनियर भारतीय टीम में जगह मिलल बा।
सीरीज के कार्यक्रम
भारत 26 आ 28 जून के आयरलैंड के खिलाफ दूगो टी20 मुकाबला खेली। एहिजा से आगे 1 जुलाई से इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टी20 सीरीज आ तीन मैच के वनडे सीरीज खेलल जाई।
भारत-इंग्लैंड टी20 सीरीज के पहिला मैच 1 जुलाई के चेस्टर-ली में खेलल जाई। बाकी मैच 4, 7, 9 आ 11 जुलाई के होई। एकरा बाद 14 जुलाई से बर्मिंघम में तीन मैच के वनडे सीरीज सुरू होई, जवना के आखिरी मुकाबला 19 जुलाई के लंदन के लॉर्ड्स मैदान पs खेलल जाई।
सितंबर-अक्टूबर में जापान में एशियाई खेल होखे वाला बा, जहां भारत अपना खिताब के बचाव करे उतरी।
तिलक वर्मा बनलें उपकप्तान
टी20 टीम के कप्तानी श्रेयस अय्यर के सउपल गइल बा, जबकि तिलक वर्मा के उपकप्तान बनावल गइल बा। तिलक पिछिला कुछ समय से भारतीय टी20 टीम के नियमित हिस्सा रहल बाड़ें आ अब नेतृत्व के जिम्मेदारी निभइहें।
विकेटकीपर के रूप में ईशान किशन आ संजू सैमसन दुनो के टीम में जगह मिलल बा। अक्षर पटेल आपन जगह बचवले बाड़ें, जबकि तेज गेंदबाजी के जिम्मेदारी अर्शदीप सिंह, मोहम्मद सिराज आ हर्षित राणा पs बा।
वैभव सूर्यवंशी के पहिला मवका
सबसे खास बात ई बा कि 15 साल के वैभव सूर्यवंशी के पहिला बेर सीनियर भारतीय टीम में सामिल कइल गइल बा। वैभव आईपीएल 2026 में सानदार प्रदर्शन कइले रहलें आ टूर्नामेंट में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बनल रहलें। ओह सानदार प्रदर्शन के इनाम अब राष्ट्रीय टीम में चयन के रूप में मिलल बा।
आयरलैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम
श्रेयस अय्यर (कप्तान), तिलक वर्मा (उपकप्तान), अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), वैभव सूर्यवंशी, शिवम दुबे, नीतीश कुमार रेड्डी, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, वरुण चक्रवर्ती, रवि बिश्नोई, मोहम्मद सिराज, हर्षित राणा, अर्शदीप सिंह आ प्रिंस यादव।
इंग्लैंड के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम
श्रेयस अय्यर (कप्तान), तिलक वर्मा (उपकप्तान), अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), वैभव सूर्यवंशी, शिवम दुबे, नीतीश रेड्डी, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, वरुण चक्रवर्ती, रवि बिश्नोई, मोहम्मद सिराज, हर्षित राणा, अर्शदीप सिंह आ प्रिंस यादव।
एशियाई खेल खातिर भारतीय टीम
श्रेयस अय्यर (कप्तान), तिलक वर्मा (उपकप्तान), अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), वैभव सूर्यवंशी, शिवम दुबे, नीतीश कुमार रेड्डी, अक्षर पटेल, वाशिंगटन सुंदर, रवि बिश्नोई, जसप्रीत बुमराह, हर्षित राणा आ अर्शदीप सिंह।
Read Also: Gorakhpur News : चलत सीएनजी ऑटो में लागल भीषण आग, चालक के सूझबूझ से बचल पांच यात्री के जान







