Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूक्रेन राष्ट्रपति के छलकल दर्द अउर डर, बोललें – मिलल धोखा

जानीं के देहल यूक्रेन के धोखा,

171

यूक्रेन अउर रूस के बीचे के युद्ध अब नवका मोड़ पs आ के ठाढ़ हो गइल बा| रूस के पीछे हटले के कौनो आसार नाइ लउकsता| यही में आज भिन्नही जब यूक्रेन के राष्ट्रपति बयान देहलें त ओमें ओनकर दरद साफ़ झलकत रहल| चारो ओर से घेरइला अउर कौनो ओर से मदद के कौनो उम्मीद नाइ देख के उनके चेहरा पs निरासा साफ़ लउकत रहे| जौने ट्रे ऊ एह लड़ाई में अकेल पड़ गइल बानें अउर रूस के सामना क रहल बानें ओके देख के उनकर लाचारिओ साफतौर पर देखल जा सकsला। जेलेंस्‍की के एह लाचारी के तब्बो महसूस कइल गइल रहे जब ऊ रूस के राष्‍ट्रपति व्‍लादिमीर पुतिन के फोन कइले रहनें अउर बदला में उनके कौनो रेस्‍पांस नहीं मिलल। उनके मुंह से निकलल ई बात उनके दर्द अउर ओह डरओ के उजागर कs देहलस जौन अबले दुनिया से छुपल रहल ह|

यूक्रेन के राष्ट्रपति इहां ले कहनें कि ओनके एह जंग में अकेल छोड़ देहल गइल बा। उनकर इशारा साफतौर पs अमेरिका ओर रहल, जौन अभिन ले NATO के उनकर सहायता खातिर भेजले के बात करत रहल। हालांकि ऊ अमेरिका के सोझे-सोझे नाव् नाइ लेहनें लेकिन उनकर बयान से इहो साफ़ हो गइल कि अमेरिका उनके धोखा दे देहले बा। अमेरिका एह लड़ाई खातिर यूक्रेन हथियारन के तौर पs मदद देहले के बात कइले रहल और दिहलस भी। लेकिन सच्चाई इहो बा कि यूक्रेन के रूस के सामना करे खातिर जौने ताकत के जरूरत रहल ऊ ओके अमेरिका ओर से नाइ मिलल। जानकार लोग एह बात का अंदेसा पहिलहीं जता देहले रहनें लोग कि NATO, जेपर अमेरिका के वर्चस्‍व बा अउर जेमें तीस देश बानें सब, उनकर हित रूस के संगे जुड़ल बा। अइसन हालत में NATO के यूक्रेन के समर्थन मिलल बडिए मुश्किल होई।उ

साभार – दैनिक जागरण

221920cookie-checkयूक्रेन राष्ट्रपति के छलकल दर्द अउर डर, बोललें – मिलल धोखा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.