IND vs SL : कोलंबो टेस्ट के दूसरका दिन टीम इंडिया के नजर, ध्रुव जुरेल आ सारांश जैन पs बड़ जिम्मेदारी

IND vs SL Colombo Test Dhruv Jurel Saransh Jain

Share

कोलंबो। भारत आ श्रीलंका के बीच दूसरका टेस्ट मुकाबला अब रोमांचक 1मोड़ पs पहुंच गइल बा। मैच के पहिला दिन टीम इंडिया पांच विकेट पs 300 रन बनाके मजबूत इस्थिति में रहल। देवदत्त पडिक्कल लगातार दूसरका शतक लगावत 117 रन के सानदार पारी खेललें। अब टेस्ट के दूसरका दिन भारत के नजर स्कोर के आउर बड़ कइला पs बा। नाबाद लवटल ध्रुव जुरेल आ सारांश जैन पs पारी के आगे बढ़ावे के जिम्मेदारी बा।

पडिक्कल के बल्ला फेर बोलल

गॉल टेस्ट में सानदार प्रदर्शन करे वाला देवदत्त पडिक्कल कोलंबो में आपन फॉर्म जारी रखलें। ऊ 193 गेना में 117 रन बनवलें, जवना में 12 चौका सामिल रहे। उनका शतक के बदौलत भारत सुरुआती झटकन से उबरत मजबूत स्कोर तक पहुंचल।

हालांकि, पडिक्कल के पारी के सुरुआत किस्मत के संगे भइल। ऊ खाता खोले से पहिलही सोनल दिनुषा के हाथे बैकवर्ड प्वाइंट पs कैच छूट गइल। एकरा बाद जब पडिक्कल मात्र 2 रन पs रहलें, तब श्रीलंकाई कप्तान धनंजय डी सिल्वा स्लिप में उनकर कैच पकड़ ना पवलें। दूनो जीवनदान के पडिक्कल भरपूर फायदा उठवलें आ धीरे-धीरे अपना पारी के शतक में बदल देलें।

गिल के संगे 120 रन के साझेदारी

पडिक्कल कप्तान शुभमन गिल के संगे मिलके तीसरका विकेट खातिर 120 रन के महत्वपूर्ण साझेदारी कइलें। एह साझेदारी से भारत के सुरुआती झटका से बाहर निकले में मदद मिलल।

दूनो बल्लेबाज श्रीलंकाई गेंदबाजन पs दबाव बनवले रखलें। हालांकि ऑफ स्पिनर केशरा नुवांथा पडिक्कल के आउट कs के एह साझेदारी के तुड़ देलें। पडिक्कल 117 रन बनाके पवेलियन लवटलें, बाकिर तब तक ऊ भारतीय टीम के मजबूत इस्थिति में पहुंचा चुकल रहलें।

असिथा फर्नांडो रहलें श्रीलंका के सबसे सफल गेंदबाज

भारत के पहिला दिन पूरा तरे आसान ना रहे। श्रीलंका के तेज गेंदबाज असिथा फर्नांडो सबसे सफल रहलें। ऊ 46 रन देकर 3 विकेट झटकलें। फर्नांडो सबसे पहिले यशस्वी जायसवाल के 43 रन पs आउट कइलें। एकरा बाद ऊ शुभमन गिल आ रवींद्र जडेजा के विकेट अपना नामे कइलें।

ऋषभ पंत चोटिल, रिटायर्ड हर्ट

भारतीय टीम खातिर ऋषभ पंत के चोट चिंता बढ़ावे वाला रहल। लाहिरू कुमारा के गेना पs पुल शॉट खेले के कोसिस में गेना पंत के बायां हाथ पs लाग गइल। चोट के बाद पंत रिटायर्ड हर्ट होके मैदान से बाहर चल गइलें। अब टीम इंडिया के नजर पंत के चोट के इस्थिति पs बनल रही। भारत चाही कि ऊ जल्दिये मैदान पs वापसी करस।

दूसरा दिन ध्रुव जुरेल आ सारांश जैन पs नजर

पहिला दिन के खेल खतम होखे तक भारत पांच विकेट पs 300 रन बना चुकल रहे। ध्रुव जुरेल आ सारांश जैन नाबाद पवेलियन लवटलें। दूसरका दिन भारत के कोसिस होई कि दुनो बल्लेबाज पारी के लमहर खींचे लो आ टीम के स्कोर के आउर मजबूत बनावे। भारत के नजर अब बड़ा पहली पारी के स्कोर बनाके श्रीलंका पs दबाव बढ़ावे पs बा।

श्रीलंका के गेंदबाज जल्दी विकेट निकाल के भारत के पारी समेटे के कोसिस करी लो। अइसन में कोलंबो टेस्ट के दूसरका दिन दुनो टीम खातिर बहुते महत्वपूर्ण होखे वाला बा।

Read Also: UP Women Free Travel : रक्षाबंधन पs यूपी के महिला लोगन के सीएम योगी के तोहफा, 3 दिन सरकारी बस में फ्री सफर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-