26 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 26/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि त्रयोदशी

सबेरे के 07 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- बुध।

श्रवण नक्षत्र

रात के 12 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद धनिष्ठा नक्षत्र।

सौभाग्य जोग

सबेरे के 07 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद शोभन जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 27/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

दिन के 09 बजके 09 मिनट ले।

दिन- बियफे।

धनिष्ठा नक्षत्र

रात के 02 बजके 15 मिनट ले।

शोभन जोग

सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले।

वणिज करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ी। काम-काज में नया मवका मिल सकेला। परिवार के लोगन के सहजोग मिली। खरचा पs तनिका नियंत्रण रखीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिल सकेला। नौकरी में अधिकारी राउर काम से खुस हो सकेलें। कारोबार में सोच-समझ के फैसला लीं। परिवार में माहौल बढ़िया रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। जरूरी काम पूरा करे में तनिका देरी हो सकेला। बातचीत करत घरी शब्द के धेयान रखीं। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज राउर मन प्रसन्न रही। नौकरी भा कारोबार में तरक्की के मवका मिल सकेला। पुरान समस्या के समाधान निकल सकेला। परिवार के संगे समय बितावल अच्छा रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज नेतृत्व क्षमता के फायदा मिली। कार्यक्षेत्र में राउर जिम्मेदारी बढ़ सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होखे के संकेत बा। हालांकि, खीस पs नियंत्रण रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे के दिन बा। मेहनत के परिणाम मिल सकेला। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में अच्छा प्रदर्शन कs सकेला। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज संबंधन में मधुरता आई। पार्टनर भा परिवार के संगे जरूरी बातचीत हो सकेला। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। निवेश करे से पहिले ठीक से जानकारी लीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कुछ चुनौती सामने आ सकेला, बाकिर रउरा अपना समझदारी से ओकरा के पार कs लीं। कारोबार में लाभ के संभावना बा। बेवजह के विवाद से दूर रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य रउरा साथे रही। जतरा भा काम के सिलसिला में महत्वपूर्ण खबर मिल सकेला। आर्थिक लाभ के मवका बनी। परिवार में खुसी के माहौल रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के बोझ तनिका जादे रही। धैर्य बनवले रखीं। ऑफिस में सहजोगियन के मदद मिली। खरचा बढ़ सकेला, एह चलते बजट बनाके चलीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। कारोबार में फायदा हो सकेला। संघतियन से महत्वपूर्ण सलाह मिली। प्रेम संबंध में भरोसा मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन में सकारात्मक विचार रही। नौकरी में सफलता मिले के संभावना बा। आर्थिक इस्थिति में सुधार हो सकेला। परिवार के सदस्यन के संगे पुरान मतभेद दूर हो सकेला।

Read Also: UP BJP : यूपी बीजेपी में बड़ फेरबदल के तइयारी, 2027 चुनाव खातिर नया टीम के खाका तइयार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-