28 अगस्त 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 28, 2026

दिनांक- 28/08/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग श्रावण शुक्ल पक्ष तिथि– पूर्णिमा दिन के 09 बजके 48 मिनट ले, ओकरा बाद प्रतिपदा। दिन- सुक। शतभिषा नक्षत्र रात के 03 बजके 13 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 28/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि– पूर्णिमा

दिन के 09 बजके 48 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- सुक।

शतभिषा नक्षत्र

रात के 03 बजके 13 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र।

अतिगण्ड जोग

सबेरे के 07 बजके 27 मिनट ले,

ओकरा बाद सुकर्मा जोग।

बव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 29/08/2026

भाद्रपद कृष्ण पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

दिन के 09 बजके 57 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 03 बजके 42 मिनट ले।

सुकर्मा जोग

सबेरे के 06 बजके 35 मिनट ले।

कौलव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज रुकल काम पूरा हो सकेला। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। कारोबार में धन लाभ के मवका मिली। परिवार में माहौल अच्छा रही। सेहत के लेके लापरवाही मत करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर सामान्य रही। आर्थिक ममिला में सोच-समझ के फैसला लीं। ऑफिस में सहकर्मी के सहजोग मिली। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे के अच्छा मवका बा। बेयपार में फायदा हो सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के तारीफ मिल सकेला। प्रेम संबंध में मधुरता बढ़ी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रह सकेला। बेवजह के चिंता से बचीं। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बनाके चलीं। घर-परिवार में बातचीत से समस्या सुलझ जाई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। करिअर में आगे बढ़े के नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। अधिकारी लोग रउआ काम से खुस हो सकेलें।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। परीक्षा भा प्रतियोगिता के तइयारी करे वाला लोगन खातिर दिन बढ़िया बा। स्वास्थ्य ठीक रही। जरूरी काम में परिवार के साथ मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज साझेदारी वाला काम में फायदा हो सकेला। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। धन के आवक बढ़े के संभावना बा। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज जल्दबाजी में कवनो फैसला मत लीं। कारोबार में निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जुटाईं। परिवार में कवनो सदस्य के सलाह काम आ सकेला।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य रउरा साथे रही। लमहर समय से अटकल काम पूरा हो सकेला। जतरा के जोग बन रहल बा। नौकरी-कारोबार में सफलता मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आर्थिक रूप से मजबूत होखे के मवका बा। पुरान निवेश से लाभ मिल सकेला। ऑफिस में राउर मेहनत के पहचान मिली। घर में खुसी के माहौल रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी। करिअर में बदलाव के बारे में सोचत बानी तs दिन अच्छा बा। संघतिया लोगन से मदद मिली। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। परिवार में कवनो सुभ खबर मिल सकेला। नौकरी में तरक्की के संभावना बा। प्रेम संबंध में भरोसा बढ़ी। स्वास्थ्य के लेके दिन सामान्य रही।

Read Also: NLSIU Convocation : बेंगलुरु में NLSIU के दीक्षांत समारोह रद्द, बिना समारोह के मिली डिग्री, जानीं पूरा ममिला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.