रूस-यूक्रेन युद्ध- भोरे-भोरे तेज धमाकन से दहलल यूक्रेन के राजधानी कीव

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2022

यूक्रेन पर रूस के हमला के आजु दुसरका दिन ह। आजु रूस के ओर से हमला नगदे तेज कs देहल गइल बा। बिहाने से यूक्रेन के राजधानी कीव में 7 बड़का धमाका सुनल गइल बा।

Share

यूक्रेन पर रूस के हमला के आजु दुसरका दिन ह। आजु रूस के ओर से हमला नगदे तेज कs देहल गइल बा। बिहाने से यूक्रेन के राजधानी कीव में 7 बड़का धमाका सुनल गइल बा। सहर में एकहक क के मिसाइल से हमला हो रहल बा। लोग घर में  लुकाइल बा।

शुक्क के भिन्नहिये यूक्रेनी राष्ट्रपति जेलेंस्की बयानो जारी क देहनें। ऊ कहने कि दुनिया हमनी के लड़ाई में लड़े खातिर अकेल्ले छोड़ देहले बिया। ऊ बतावले कि ऊ कीव में बानें अउर उहवाँ रूसी सेना आ गइल बिया| ऊ इहो कहलें कि एह रूसियन के पहिलका टारगेट उहे बानें अउर दुसरका टारगेट उनकर परिवार बा। यूक्रेन के राष्ट्रपति वोलोडिमिर जेलेंस्की  पूरा सेना के युद्ध में उतरले के ऐलान क देहले बानें। एकरे खातिर यूक्रेन सरकार 18 से 60 साल के यूक्रेनी मरदन के देश छोड़ले पs रोक लगा देहले बिया। कुछ रिपोर्ट्स मे इहो कहल जाता कि यूक्रेन अपने 10 हजार नागरिकन के म के लिए राइफलें दी हैं।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.