Dean Elgar Retirement : साउथ अफ्रीका के दिग्गज क्रिकेटर डीन एल्गर के रिटायरमेंट के ऐलान, 21 साल के करियर पs लागी ब्रेक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। साउथ अफ्रीका के दिग्गज क्रिकेटर डीन एल्गर आखिरकार क्रिकेट से रिटायरमेंट लेवे के ऐलान कs देले बाड़ें। टेस्ट क्रिकेट के अलविदा ऊ पहिलही कह चुकल बाड़ें, अब करीब 39 साल के उमिर में

Share

Dean Elgar Announces Retirement

स्पोर्ट्स डेस्क। साउथ अफ्रीका के दिग्गज क्रिकेटर डीन एल्गर आखिरकार क्रिकेट से रिटायरमेंट लेवे के ऐलान कs देले बाड़ें। टेस्ट क्रिकेट के अलविदा ऊ पहिलही कह चुकल बाड़ें, अब करीब 39 साल के उमिर में पूरा क्रिकेट करिअर पेs विराम लगावे के फैसला कइले बाड़ें। एल्गर साउथ अफ्रीका के कप्तानी कs चुकल बाड़ें आ टीम के कइयन गो ऐतिहासिक जीत के हिस्सा रहल बाड़ें।

भारत के खिलाफ खेलल टेस्ट उनकर अंतरराष्ट्रीय करिअर के आखिरी टेस्ट रहे। साल 2024 में अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेला के बाद एल्गर एसेक्स खातिर क्रिकेट खेलत रहलें। अब मवजूदा सीजन पूरा होखते ऊ आपन बल्ला हमेसा खातिर टांग दिहें।

2012 में भइल अंतरराष्ट्रीय डेब्यू

डीन एल्गर के अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट करिअर के सुरुआत साल 2012 में भइल रहे। हालांकि, ऊ घरेलू क्रिकेट में एकरा से बहुत पहिले से खेलत रहलें। साल 2006 में उनका के एबी डिविलियर्स के कप्तानी में वनडे टीम में मवका मिलल। ओही साल के आखिर में ग्रीम स्मिथ के कप्तानी में टेस्ट डेब्यू कइलें।

टेस्ट क्रिकेट में बा सानदार रिकॉर्ड

एल्गर साउथ अफ्रीका खातिर 86 टेस्ट मैच खेलके 5,347 रन बनवलें। एह दौरान उनका बल्ला से 14 शतक आ 23 अर्धशतक निकलल। ऊ एक बेर 199 रन के स्कोर पs  आउट हो गइल रहलें आ दोहरा शतक से बस एक रन दूर रह गइल रहलें।

वनडे क्रिकेट में एल्गर 8 मैच खेललें, जवना में उनका नामे 104 रन बा। ऊ साउथ अफ्रीका खातिर टी20 इंटरनेशनल क्रिकेट नइखन खेललें।

घरेलू प्रथम श्रेणी क्रिकेट में उनकर आंकड़ा आउर सानदार रहल बा। एल्गर 279 फर्स्ट क्लास मैच में करीब 19 हजार रन बनवले बाड़ें। एमे 55 शतक आ 77 अर्धशतक सामिल बा।

परिवार के संगे समय बितावल चाहत बाड़ें एल्गर

रिटायरमेंट के फैसला के बारे में एल्गर कहलें कि अब ऊ करीब 39 साल के हो गइल बाड़ें आ उमिर लगातार बढ़ रहल बा। उनकर लईका अब बड़ हो रहल बा लो आ ऊ परिवार के संगे जादे समय बितावे के चाहत बाड़ें।

एल्गर कहलें कि मवजूदा सीजन खतम भइला के बाद ऊ दोबारा मैदान पs वापसी ना करिहें। साउथ अफ्रीका खातिर क्रिकेट खेलल आ टीम के कप्तानी कइल उनका जिंदगी के सबसे गर्व वाला पल रहल।

Read Also: Ankit Balian Murder : लारेंस बिश्नोई गैंग लेलस हरियाणवी सिंगर अंकित बालियान के हत्या के जिम्मेदारी, इंस्टाग्राम पोस्ट से मचल सनसनी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.