27 अगस्त 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

दिनांक- 27/08/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग श्रावण शुक्ल पक्ष तिथि– चतुर्दशी दिन के 09 बजके 09 मिनट ले, ओकरा बाद पूर्णिमा। दिन- बियफे। धनिष्ठा नक्षत्र रात के 02 बजके 55 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 27/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि– चतुर्दशी

दिन के 09 बजके 09 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्णिमा।

दिन- बियफे।

धनिष्ठा नक्षत्र

रात के 02 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद शतभिषा नक्षत्र।

शोभन जोग

सबेरे के 07 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद अतिगण्ड जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 28/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- पूर्णिमा

दिन के 09 बजके 48 मिनट ले।

दिन- सुक।

शतभिषा नक्षत्र

रात के 03 बजके 13 मिनट ले।

अतिगण्ड जोग

सबेरे के 07 बजके 27 मिनट ले।

बव करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में तेजी रही। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। कारोबार में फायदा के जोग बा। परिवार में माहौल बढ़िया रही। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। रुकल पईसा मिले के संभावना बा। नौकरी में अधिकारियन से सहजोग मिली। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज नया काम सुरू करे से पहिले सोच-विचार करीं। ऑफिस में कुछ चुनौती आ सकेला, बाकिर मेहनत से सफलता मिली। संघतिया के सहजोग काम आई।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन रउआ पक्ष में रही। नौकरी आ कारोबार में आगे बढ़े के मवका मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। कामकाज में राउर प्रदर्शन के तारीफ हो सकेला। आर्थिक लाभ के जोग बा। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज महत्वपूर्ण फैसला लेवे के दिन बा। नौकरी में बदलाव के विचार कs रहल बानी तs जल्दबाजी मत करीं। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बनाके चलीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला। कारोबार में नया अवसर मिली। परिवार के कवनो सदस्य से जरूरी बातचीत हो सकेला। प्रेम संबंध में मिठास बढ़ी।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा परिणाम मिले में तनिका समय लाग सकेला। काम के दबाव बढ़ी, बाकिर धैर्य बनवले रखीं। धन के लेन-देन में सावधानी बरतीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिली। नौकरी आ कारोबार में तरक्की के अवसर बन सकेला। जतरा के जोग बा। विद्यार्थियन खातिर दिन अच्छा रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज आर्थिक रूप से फायदा हो सकेला। ऑफिस में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। जमीन-जायदाद से जुड़ल ममिलन में सफलता मिले के संभावना बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। बिजनेस में नया योजना बनावे खातिर दिन अच्छा बा। परिवार के सदस्यन से मिलल समर्थन मनोबल बढ़ाई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज कामकाज में व्यस्तता रही। रुकल काम पूरा हो सकेला। धन के आवक बढ़े के संभावना बा। परिवार में कवनो बात के लेके तनाव होखे तs बातचीत से समाधान निकालीं।

Read Also: UGC NET Result June : एह हफ्ता 84 विषय के रिजल्ट होई जारी, संगही फाइनल आंसरो की आई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.