Duleep Trophy 2026 : दलीप ट्रॉफी में ना चलल वैभव सूर्यवंशी के बल्ला, 6 गेना में 8 रन बनाके लवटलें पवेलियन

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। दलीप ट्रॉफी 2026 के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में जुवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के बल्ला कुछ खास ना चल सकल। बेंगलुरु के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में ईस्ट जोन आ नॉर्थ ईस्ट जोन के बीच

Share

Vaibhav Suryavanshi Duleep Trophy 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। दलीप ट्रॉफी 2026 के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में जुवा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के बल्ला कुछ खास ना चल सकल। बेंगलुरु के सेंटर ऑफ एक्सीलेंस में ईस्ट जोन आ नॉर्थ ईस्ट जोन के बीच खेलल जा रहल मुकाबला में वैभव मात्र 6 गेना में 8 रन बनाके आउट हो गइलें।

नॉर्थ ईस्ट जोन टॉस जीतके पहिले ईस्ट जोन के बल्लेबाजी खातिर बोलवलस। ईस्ट जोन के ओर से वैभव सूर्यवंशी आ अभिमन्यु ईश्वरन पारी के सुरुआत करे उतरल लो। फैंस के उम्मीद रहे कि रेड बॉल क्रिकेट में लमहर समय बाद वापसी कs रहल वैभव एगो सानदार पारी खेलिहें। बाकिर ऊ जादे देर तक क्रीज पs ना टिक सकलें। वैभव 6 गेना में 8 रन बनवलें, जवना में दू गो चौका सामिल रहे।

पारी के दूसरा ओवर के आखिरी गेना पs बिश्वोरजीत कोनथौजम के गेना पs वैभव कैच आउट हो गइलें। जोसेफ लालथनखुमा उनकर कैच पकड़लें।

ईस्ट जोन के उपकप्तान बाड़ें वैभव

दलीप ट्रॉफी 2026 खातिर वैभव सूर्यवंशी के ईस्ट जोन के उपकप्तान बनावल गइल बा। टीम के कप्तानी विकेटकीपर बल्लेबाज ईशान किशन करत बाड़ें। ईस्ट जोन के टीम में मोहम्मद शमी, मुकेश कुमार आ शाहबाज अहमद जइसन अनुभवी खिलाड़ियो सामिल बाड़ें।

चेन्नई में होई दलीप ट्रॉफी के फाइनल

दलीप ट्रॉफी 2026 के सेमीफाइनल मुकाबला बेंगलुरु में खेलल जाई। पिछिला सीजन के फाइनलिस्ट सेंट्रल जोन आ साउथ जोन पहिले से सेमीफाइनल में जगह बना चुकल बाड़ें। टूर्नामेंट के फाइनल मुकाबला 6 से 10 सितंबर के बीच चेन्नई के एमए चिदंबरम स्टेडियम में खेलल जाई।

Read Also: Oman Road Accident : ओमान में भारतीयन से भरल गाड़ी पलटल, एक के मौत, 9 लोग घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.