India vs New Zealand : टीम इंडिया के न्यूजीलैंड दौरा के लेके जबरदस्त उत्साह, 48 घंटा में बिक गइल रिकॉर्ड 26 हजार टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम अभी श्रीलंका के दौरा पs बिया आ 2 मैच के टेस्ट सीरीज खेल रहल बिया। 27 अगस्त माने आज टीम इंडिया के श्रीलंका दौरा खतम हो जाई। एकरा बाद भारतीय

Share

India New Zealand Tour 2026 Record Ticket Sales

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम अभी श्रीलंका के दौरा पs बिया आ 2 मैच के टेस्ट सीरीज खेल रहल बिया। 27 अगस्त माने आज टीम इंडिया के श्रीलंका दौरा खतम हो जाई। एकरा बाद भारतीय टीम सितंबर-अक्टूबर में अपना घर में अफगानिस्तान आ फेर वेस्टइंडीज के सामना करी। 22 अक्टूबर से टीम इंडिया के असली परीक्षा सुरू होई, जब भारतीय टीम न्यूजीलैंड के घर में खेलत नजर आई।

एह दौरा के सुरू होखे में अभी करीब दु महीना के समय बा, बाकिर क्रिकेट फैंस के बीच अभी से जबरदस्त उत्साह देखे के मिल रहल बा।

दरअसल, टीम इंडिया न्यूजीलैंड दौरा पs तीनों फॉर्मेट में कुल 12 मुकाबला खेली। ई दौरा एक महीना से जादे समय तक चली। एह कारण से फैंस एह सीरीज के बेसब्री से इंतजार कs रहल बाड़ें।

48 घंटा में बिक गइल 26 हजार टिकट

न्यूजीलैंड क्रिकेट के इंटरनेशनल समर क्रिकेट प्री-सेल के जबरदस्त प्रतिक्रिया मिलल बा। 24 अगस्त से सुरू भइल क्रिकेट नेशन मेंबर सेल के सुरुआती 48 घंटा में रिकॉर्ड 26 हजार टिकट बिक गइल।

अक्टूबर से सुरू होखे वाला भारत के 12 मैच के मल्टी-फॉर्मेट दौरा के चलते टिकट के मांग बहुते बढ़ गइल बा। खासतौर पs ऑकलैंड के ईडन पार्क में होखे वाला व्हाइट-बॉल मुकाबलन के टिकट सबसे तेजी से बिक रहल बा।

क्राइस्टचर्च के हेगले ओवल एमे पीछे नइखे। 9 हजार दर्शक क्षमता वाला एह स्टेडियम में 22 आ 24 अक्टूबर के लगातार दूगो T20I मैच खेलल जाई। एकरा अलावे 27 नवंबर से 1 दिसंबर तक दूसरा आ आखिरी टेस्ट मैच इहवें होई। एह मुकाबलन खातिर टिकट जल्दिये बिके के उम्मेद बा।

वेलिंगटन में टिकट के सुरुआती बिक्री सानदार रहल बा। इहां स्काई स्टेडियम में तीसरा T20I आ दूसरका ओडीआई मुकाबला होई। ओहिजा, मशहूर बेसिन रिजर्व में 19 नवंबर से पहिला टेस्ट मैच खेलल जाई।

7 सितंबर से आम जनता खातिर खुली टिकट विंडो

न्यूजीलैंड क्रिकेट के चीफ मार्केटिंग एंड कमर्शियल ऑफिसर ग्लेन क्रिचली कहलें कि फैंस के सुरुआती उत्साह देख के बहुते खुसी बा। ऊ कहलें कि लोग पहिले से तइयारी कs रहल बा, जवना के असर रिकॉर्ड टिकट बिक्री में साफ देखाई दे रहल बा।

आम जनता खातिर टिकट बिक्री 7 सितंबर से सुरू होई। हालांकि फैंस क्रिकेट नेशन पs साइन-अप कs के खास प्री-सेल विंडो के फायदा उठा सकत बा। एकरा से ऊ आपन सीट पहिले से पक्का करे के संगे 15 फीसदी तक के छूट पा सकत बा लो।

भारत के न्यूजीलैंड दौरा के पूरा शेड्यूल

IND vs NZ T20I सीरीज

  • 22 अक्टूबर: पहिला T20I, क्राइस्टचर्च (हेगले ओवल)
  • 24 अक्टूबर: दूसरका T20I, क्राइस्टचर्च (हेगले ओवल)
  • 27 अक्टूबर: तीसरका T20I, वेलिंगटन (HNRY स्टेडियम)
  • 30 अक्टूबर: चउथा T20I, ऑकलैंड (ईडन पार्क)
  • 1 नवंबर: पांचवां T20I, हैमिल्टन (सेडन पार्क)

IND vs NZ ODI सीरीज

  • 4 नवंबर: पहिला ODI, ऑकलैंड (ईडन पार्क)
  • 7 नवंबर: दूसरका ODI, वेलिंगटन (HNRY स्टेडियम)
  • 10 नवंबर: तीसरका ODI, हैमिल्टन (सेडन पार्क)
  • 13 नवंबर: चउथा ODI, माउंट माउंगानुई (बे ओवल)
  • 15 नवंबर: पांचवां ODI, माउंट माउंगानुई (बे ओवल)

IND vs NZ टेस्ट सीरीज

19 से 23 नवंबर: पहिला टेस्ट, वेलिंगटन (बेसिन रिजर्व)

27 नवंबर से 1 दिसंबर: दूसरका टेस्ट, क्राइस्टचर्च (हेगले ओवल)

Read Also: Andhra Bus Accident : आंध्र प्रदेश में बस ऑटो में घुसल, 7 लोगन के मौत, 2 के हालत गंभीर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.