Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP MLC चुनाव: भाजपा जारी कइलस उम्मीदवारन के सूची, अब ले 23 उम्मीदवार लोग भरल पर्चा

4,157

भारतीय जनता पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी बतवलें कि पार्टी बरेली मुरादाबाद खंड स्नातक क्षेत्र से श्री जय पाल सिंह व्यस्त, कानपुर उन्नाव स्नातक क्षेत्र से अरुण पाठक, गोरखपुर फैजाबाद स्नातक खंड क्षेत्र से देवेंद्र प्रताप सिंह, कानपुर उन्नाव शिक्षक क्षेत्र से वेणु रंजन भदौरिया अउर झांसी प्रयाग राज शिक्षक स्नातक क्षेत्र से बाबू लाल तिवारी के विधान परिषद के चुनाव में प्रत्याशी घोषित कइले बा। सोमार के 19 उम्मीदवार नामांकन कइल गइल। एह तरे अब ले ई संख्या 23 ले पहुंच गइल।

सोमवार को गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक से देवेंद्र प्रताप सिंह अउर कानपुर खंड शिक्षक से डॉ. दिवाकर मिश्रा नामांकन कइलें। गोरखपुर-फैजाबाद खंड स्नातक से ही निर्दलीय विपिन विहारी शुक्ला, अविनाश प्रताप, सरजू प्रसाद धर दुबे अउर अखंड प्रताप सिंह भी आपन पर्चा दाखिल कइलें। कानपुर खंड स्नातक से निर्दलीय नेहा सिंह, प्रवीण कुमार श्रीवास्तव अउर राजेश कुमार अहिरवार नामांकन कइलें।

उहवें, बरेली-मुरादाबाद खंड स्नातक से विश्वनाथ, इलाहाबाद-झांसी खंड शिक्षक क्षेत्र से निर्दलीय डॉ. हरिओम बादल, राम कृष्ण शर्मा, अशोक कुमार राठौर, शमीम बानो अउर इमरान अहमद नामांकन कइलें। कानपुर खंड शिक्षक क्षेत्र से निर्दलीय विनोद कुमार, भुवनेश भूषण, सपा के प्रियंका यादव पर्चा दाखिल कइलें।

435280cookie-checkUP MLC चुनाव: भाजपा जारी कइलस उम्मीदवारन के सूची, अब ले 23 उम्मीदवार लोग भरल पर्चा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.