[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत पs पथराव: भाजपा कइलस NIA से जांच के मांग, कहलस- ‘जय श्रीराम’ के नारा के बदला लेवे खातिर भइल पत्थरबाजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल में हालही शुरू भइल वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन पs सोमार के पथराव के घटना सोझे आइल रहे। न्यू जलपाईगुड़ी से हावड़ा लौट रहल वंदे भारत एक्सप्रेस पर पत्थर फेंकल गइल। मालदा जिला के कुमारगंज के लग्गे ई घटना भइल। रिपोर्ट के मुताबिक, पत्थर लगले से ट्रेन के C-13 कोच के गेट के शीशा में दरार आ गइल।

अब भारतीय जनता पार्टी एह घटना पर कड़ा प्रतिक्रिया दिहले बानें अउर टीएमसी कार्यकर्ता पर वंदे भारत ट्रेन पs पत्थर फेंकले के आरोप लगवले बानें। भाजपा नेता शुभेंदु अधिकारी एके टीएमसी के साजिश करार दिहले बानें।

भाजपा कइलस एनआईए जांच के मांग

भारतीय जनता पार्टी वंदे भारत एक्सप्रेस पर पथराव मामिला में एनआईए जांच के मांग कइलें। भाजपा नेता शुभेंदु अधिकारी कहनें कि का ई घटना हावड़ा स्टेशन में वंदे भारत ट्रेन के उद्घाटन समारोह के दौरान ‘जय श्री राम’ के नारा लगावे के बदला रहल। उ कहनें, हम प्रधानमंत्री अउर रेल मंत्रालय से अपील करतानीं कि एह मामिला के जांच एनआईए के सौंपल जाय अउर अपराधियन के दंडित कइल जाय।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]