स्पोर्ट्स डेस्क। भारत इंग्लैंड के खिलाफ पहिला वनडे मैच में सानदार प्रदर्शन करत छव विकेट से जीत दर्ज कइलस। एजबेस्टन मैदान पs खेलल गइल एह मुकाबला में कप्तान शुभमन गिल के जिम्मेदार बल्लेबाजी आ अक्षर पटेल के बेहतरीन ऑलराउंड खेल के दम पs टीम इंडिया तीन मैच के वनडे सीरीज में 1-0 से बढ़त बना लेलस। एह हार के संगे इंग्लैंड के एजबेस्टन में 11 साल बाद वनडे में हार झेले के पड़ल।
भारतीय गेंदबाज बदल दिहल लो मैच के रुख
टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल इंग्लैंड के सुरुआत बढ़िया रहल। बेन डकेट आ फिल सॉल्ट पहिला विकेट खातिर 61 रन जोड़ल लोग। बाकिर ओकरा बाद भारतीय गेंदबाज सानदार वापसी कइल लोग। जसप्रीत बुमराह दबाव बनवले रखलें, जबकि गुरनूर बराड़ आ प्रसिद्ध कृष्णा लगातार विकेट निकाल के इंग्लैंड के 107 रन पs छव विकेट तक पहुंचा दिहल लोग।
हालांकि जो रूट (76 रन) आ लियाम डॉसन (68 रन) सातवां विकेट खातिर 121 रन जोड़के इंग्लैंड के 258 रन तक पहुंचा दिहल।
अक्षर पटेल के ऑलराउंड कमाल
भारत खातिर अक्षर पटेल सबसे सफल गेंदबाज रहलें। ऊ 10 ओवर में 62 रन देके चार विकेट झटकलें। बुमराह नव ओवर में खाली 31 रन देकर एक विकेट लेलें, जबकि गुरनूर बराड़ आ प्रसिद्ध कृष्णा के दू-दू विकेट मिलल।
ना चलल रोहित-कोहली के बल्ला
259 रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत के सुरुआत खराब रहल। रोहित शर्मा 11 रन आ विराट कोहली 5 रन बनाके आउट हो गइल लोग। एह मुश्किल घड़ी में कप्तान शुभमन गिल मोर्चा संभरलें।
गिल 75 गेना पs 80 रन बनवलें, जवना में 11 चौका आ एगो छक्का सामिल रहे। ऊ श्रेयस अय्यर के संगे तीसरा विकेट खातिर 101 रन के साझेदारी कइलें। हालांकि हैमस्ट्रिंग में तकलीफ होखला के चलते ऊ 80 रन पs रिटायर्ड हर्ट हो गइलें।
अक्षर-वॉशिंगटन के अटूट साझेदारी से भारत के जीत
श्रेयस अय्यर (35 रन) रन आउट हो गइलें, जबकि केएल राहुल जल्दिये पवेलियन लवट गइलें। एह समय भारत पs दबाव बढ़ गइल रहे। बाकिर अक्षर पटेल आ वॉशिंगटन सुंदर धैर्य से बल्लेबाजी करत पांचवां विकेट खातिर 102 रन के नाबाद साझेदारी कइल लोग। अक्षर 52 गेना पs नाबाद 57 रन बनवलें, जबकि वॉशिंगटन सुंदर 63 गेना पs नाबाद 52 रन बना के भारत के सानदार जीत दिलवलें। वॉशिंगटन जीत वाला छक्का लगाके आपन अर्धशतक पूरा कइलें।
एह जीत के संगे भारत तीन मैच के वनडे सीरीज में 1-0 से आगे निकल गइल बा। अब टीम इंडिया के नजर अगिला मुकाबला जीतके सीरीज अपना नावे कइला पs रही।









