स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के टी20 सीरीज के आखिरी मुकाबला सनिचर के साउथम्प्टन में खेलल जाई। भारतीय टीम पहिलही सीरीज हार चुकल बिया आ अब ओकरा सामने 4-0 के शर्मनाक हार से बचे के चुनौती बा। दूसरका ओर इंग्लैंड खाली क्लीन स्वीप ना, बलुक जीत के संगे आईसीसी टी20 रैंकिंग में विश्व चैंपियन भारत के पछाड़ के नंबर-1 टीम बने के दहलीज पs खड़ा बा। एह चलते ई मुकाबला दुनु टीम खातिर बहुत अहम मानल जा रहल बा।
भारत के सोझा व्हाइटवॉश से बचे के चुनौती
श्रेयस अय्यर के कप्तानी में भारतीय टीम के प्रदर्शन उम्मीद से बहुते नीचे रहल बा। सीरीज के एक मैच बरखा से धुल गइल, जबकि खेलल गइल चार मैच में से तीन में भारत के हार झेले के पड़ल। अब आखिरी मैच हारल तs भारत 0-4 से सीरीज गंवा दी।
2006 में टी20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट सुरू होखला के बाद ई भारत के सबसे खराब दौर बा, जब टीम लगातार एको मैच नइखे जीत सकल। बेलफास्ट से सुरू भइल ई खराब सफर अब साउथम्प्टन में खतम होई, बाकिर टीम खातिर सम्मान बचावल सबसे बड़ चुनौती बा।
बल्लेबाजी आ गेंदबाजी दुनु में फिसड्डी रहल भारत
पूरा सीरीज में भारतीय बल्लेबाज संघर्ष करत नजर आइल लोग। नॉटिंघम में टीम खाली 76 रन पs सिमट गइल, जबकि ब्रिस्टल में बल्लेबाज इंग्लैंड के गेंदबाजन के सामने टिक ना सकलें। जोफ्रा आर्चर आ जोश टंग के तेज गेंदबाजी भारतीय बल्लेबाजन खातिर मुसीबत बनल बा। सैम करन के धीमा आ स्किड होत गेना भारत के बल्लेबाज ठीक से ना समझ सकल लोग।
गेंदबाजियो में भारत के हालत ठीक नइखे। वरुण चक्रवर्ती आ हर्षित राणा हैमस्ट्रिंग चोट के चलते बाहर हो गइल बा लोग। रवि बिश्नोई पिछिला मैच में एके ओवर में 29 रन देके आपन दावा कमजोर कs लेले। एह चलते टीम प्रबंधन के लगे विकल्प बहुते कम बचल बा।
प्लेइंग-11 में बदलाव हो सकेला
नवहा बल्लेबाज वैभव सूर्यवंशी के फेर मवका मिले के संभावना बा, हालांकि शॉर्ट पिच गेना पs उनकर कमजोरी खुल के सामने आ गइल बा। दूसरका ओर संजू सैमसन के लगातार नजरअंदाज कइला पs सवाल उठ रहल बा। अगर तिलक वर्मा के बाहर बइठावल गइल तs संजू के प्लेइंग-11 में जगह मिल सकेला। हालांकि एकरा से बल्लेबाजी क्रम में बदलाव करे के पड़ सकेला।
इंग्लैंड के नजर नंबर-1 रैंकिंग पs
इंग्लैंड एह सीरीज में हर विभाग में भारत पs भारी पड़ल बा। फिल सॉल्ट, जोस बटलर, हैरी ब्रूक आ जैकब बेथेल भारतीय गेंदबाजन पs लगातार दबाव बनावे में सफल रहल बा। ओहिजा, आदिल रशीद, विल जैक्स आ लियाम डॉसन अपना फिरकी से भारतीय बल्लेबाजन के खूब परेसान कइले बाड़ें।
अब इंग्लैंड के नजर खाली सीरीज जीत पs ना, बलुक आईसीसी टी20 रैंकिंग में दुनिया के नंबर-1 टीम बनला पs बा।
हेड-टू-हेड रिकॉर्ड
- कुल मैच: 34
- भारत जीतल: 18
- इंग्लैंड जीतल: 15
- बेनतीजा: 1
हैरी ब्रूक के बड़ बयान
इंग्लैंड के कप्तान हैरी ब्रूक कहलें कि टीम आखिरी मैच जीत के दुनिया के नंबर-1 टीम बने के चाहत बिया।
ब्रूक कहलें, “जदि हमनी के अगिला मैच जीत जाएम सs तs दुनिया के नंबर-1 टीम बन जाएम सs। भारत मजबूत टीम बिया, बाकिर एह सीरीज में हमनी के आपन योजना बढ़िया तरीका से लागू कइनी सs। भारत के 4-0 से हरावल बहुते खास उपलब्धि होई।” ऊ इहो मनले कि उनका एतना एकतरफा सीरीज के उम्मेद ना रहे।
भारत बचा पाई सम्मान?
साउथम्प्टन के ई मुकाबला दुनु टीमन खातिर अलग-अलग मायने रखेला। भारत 4-0 के व्हाइटवॉश से बचे आ आपन सम्मान बचावे खातिर उतरी, जबकि इंग्लैंड इतिहास रचते विश्व चैंपियन भारत के हराके आईसीसी टी20 रैंकिंग में नंबर-1 बने के कोसिस करी।
भारत के संभावित प्लेइंग-11
वैभव सूर्यवंशी, अभिषेक शर्मा, ईशान किशन (विकेटकीपर), श्रेयस अय्यर (कप्तान), तिलक वर्मा / संजू सैमसन, शिवम दुबे, वॉशिंगटन सुंदर, अक्षर पटेल, प्रसिद्ध कृष्णा, प्रिंस यादव, अर्शदीप सिंह।
इंग्लैंड के संभावित प्लेइंग-11
फिल सॉल्ट, जोस बटलर, जैकब बेथेल, हैरी ब्रूक (कप्तान), टॉम बैंटन, विल जैक्स, सैम करन, जोफ्रा आर्चर, जोश टंग, आदिल रशीद, रेहान अहमद।
मैच कब, कहां आ कइसे देखल जा सकी?
- तारीख: 11 जुलाई (सनिचर)
- जगह: साउथम्प्टन
- समय: सांझ 7:00 बजे (भारतीय समय)
- टॉस: सांझ 6:30 बजे
- लाइव टेलीकास्ट: सोनी स्पोर्ट्स नेटवर्क
- लाइव स्ट्रीमिंग: जियोस्टार ऐप









