16 जुलाई 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2026

दिनांक- 16/07/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग आषाढ़ शुक्ल पक्ष तिथि– द्वितीया दिन के 08 बजके 53 मिनट ले, ओकरा बाद तृतीया। दिन- बियफे। आश्लेषा नक्षत्र सांझ के 07 बजके 52 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 16/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि– द्वितीया

दिन के 08 बजके 53 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- बियफे।

आश्लेषा नक्षत्र

सांझ के 07 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद मघा नक्षत्र।

सिद्धि जोग

रात के 01 बजके 21 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 17/07/2026

आषाढ़ शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

सबेरे के 06 बजके 28 मिनट ले।

दिन- सुक।

मघा नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 34 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

रात के 10 बजके 45 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम-काज में नया मवका मिली। नौकरी करे वाला लोगन के अधिकारी से सहजोग मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

धन लाभ के जोग बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। नया निवेश सोच-समझ के करीं। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन बढ़िया बा। फालतू खरचा पs काबू रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही। नौकरी में सम्मान मिली। छोट जतरा के जोग बनत बा। खानपान पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेयपार में मुनाफा होखे के संभावना बा। आत्मविश्वास बढ़ी। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। धार्मिक काम में मन लागी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज धीरज से काम लीं। जल्दबाजी में कवनो फैसला मत करीं। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेयपार आ नौकरी दुनो में फायदा मिली। परिवार के माहौल खुसनुमा रही। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मेहनत के पूरा फल मिली। नया लोग से पहचान भविष्य में फायदा पहुंचाई। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज पूरा साथ दी। बहुत दिन से अटकल काम पूरा हो सकेला। प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन सुभ बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नौकरी आ बेवसाय में सफलता मिली। आमदनी बढ़े के जोग बा। परिवार के संजीवबढ़िया समय बितावे के मवका मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया योजना पs काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। जतरा से फायदा हो सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन सुभ बा। धन लाभ के जोग बा। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

Read Also: UP Police SI Result 2026 : यूपी पुलिस एसआई के अंतिम रिजल्ट जारी, 4543 अभ्यर्थी सफल, देखीं कटऑफ आ मेरिट लिस्ट 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.