Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: CM नीतीश कुमार तुरले कुशवाहा के सपना , कहलें- मंत्रिमंडल के होई विस्तार, डिप्टी सीएम बनावे के कवनो बाते नइखे भईल।

बिहार के राजीनीति में एगो अउरी नया नाटकीय घटनाक्रम चल रहल बा, कुशवाहा समाज के नेता अउरी एक समय नीतीश कुमार के धुर विरोधी रहलें उपेंद्र कुशवाहा के सपना के एक हाली अउरी तुरल गईल

3,814

बिहार के राजीनीति में एगो अउरी नया नाटकीय घटनाक्रम चल रहल बा, कुशवाहा समाज के नेता अउरी एक समय नीतीश कुमार के धुर विरोधी रहलें उपेंद्र कुशवाहा के सपना के एक हाली अउरी तुरल गईल। अपना पार्टी के जनता दल यूनाइटेड में मेरा लिहला के बादो जवन कुशवाहा के सपना रहे उ अब लगभग अंतिम सांस गिन रहल बा ।काल्ह के नीतीश के कुमार के के बयान से ई तs एकदम साफे बुझा रहल बा ,जवना उप मुख्यमंत्री के पद के सपना के लेके उपेन्द्र कुशवाहा अपना पार्टी में जदयू में मिलवा देहले अब मुख्यमंत्री के एह बयान से बड़ा झटका लागल बा। दरअसल कुशवाहा जदयू में नम्बर दु के नेता बाड़े आ उनका ई बिस्वास रहे कि उ जब मंत्रिमंडल के विस्तार होई तs जरुरे उपमुख्यमंत्री बन जइहें आ एहि बाति के लेके उनकर खुसी गाहे-बगाहे मीडिया में आ जात रहे ।

एहिजा इहो बता दिहल जरूरी बा कि खुशी जतावत कुशवाहा बहुते कुछ बोल गईल रहले। लेकिन मुख्यमंत्री  बुधवार के कहि दिहले कि मंत्रिमंडल विस्तार  के होई अउरी डिप्टी सीएम बनावे के कवनो बाते नइखे भइल। उ साफ-साफ कहले कि राजद के कोटा से जवन मंत्री  लोग हटल बा , ओ लोग के जगहि पs केहू अउरी के शामिल कइल जाई। एकरा अलावे कांग्रेस के कुछ लोगन के शामिल कईल जाई। मुख्यमंत्री कहले, ई बाति हमरा तनिको बुझात नइखे कि  एगो अउरी उप मुख्यमंत्री बनावे के बाति कहां से उठ गईल। बीजेपी वाला लोग जब हमरा संगे रहले तब उ लोग शुरूए में उ लोग दु गो उप मुख्यमंत्री बनवले रहे लो। मंत्रिमंडल के जब विस्तार होई  तब राजद के हटल मंत्रियन वाली सीटन के राजद के दिहल जाई अउरी कांग्रेस के संख्या बढ़ी ।

बिहार में होई मंत्रिमंडल के बिस्तार

पिछला कुछ दिनन से बिहार के राजनीतिक गलियन में बहुते गरमी रहे ,कारन ई कि बिहार में मुख्यमंत्री नितिश कुमार के अगुआई वाली सरकार के मंत्रिमंडल के बिस्तार के चरचा खूबे जोर पकड़ले रहे। आ एकरा के लेके एह ठंडी के मवसम में जहाँ तापमान दिन-प-दिन कम होत जात बा ओहिजे बिहार के राजनीति के पारा दिन-प-दिन बढ़ले चलल जात रहे उ अइसन कि जदयू के बरिष्ठ नेता उपेंद्र कुशवाहा साफ खुल के तs ना बाकिर मनगुपते ई इशारा कई देले रहले की उनकर इक्छा उपमुख्यमंत्री बने के बा।बाकिर एहि बीचे नीतीश कुमार के “समाधान” यात्रा शुरू भइल आ मुख्यमंत्री के ई बयान उपेंद्र कुशवाहा के सपना पs बजर लेखा गिर गईल। अब जब उपेंद्र कुशवाहा जहां आपन पार्टी के जदयू में मिला देले बाड़े,तs देखे वाली बात ई होई कि अब उनकर अगिला कदम का होता । एह दुनो बातन पs आपन बयान देई के नीतीश कुमार बिहार में चल रहल चरचा के बाजार जवन गरम होत रहे ओकरा के एकदम ठंडा कई दिहले।

नीतीश कुमार समाधान जतरा पs मधुबनी के जतरा पs रहले आ संग्रामपुर में मिथिला हाट के लोकार्पण करे आईल रहले। एहि समय मीडिया के सवालन के जवाब देत उ ई बाति कहले कि “पाता ना ई उपमुख्यमंत्री वाली बात के करत बा? आ कहाँ से निकल के आईल हs?” उ एहिजे तक ना रुकले आगे उ जोड़त बोलले कि “हमरा सुने में ई आईल हs कि उपमुख्यमंत्री के पद के लेके बहुते चरचा हो रहल बा। उपमुख्यमंत्री पद के बाति सुननी हs ई एकदम फालतू चरचा बा । उ  एह बाति के एकदम देसी अंदाज़ में कहले कि पता ना ई फालतू बाति लोगन के दिमाग मे कहाँ से आ जाला ? एह बाति से एकदम जाहिर हो गइल कि बिहार मंत्रिमंडल के बिस्तार के संगे-संगे  उपेन्द्रों कुशवहो के लेके जवन तस्वीर बन रहल बा उ एकदम साफ हो गइल बा। नीतीश कुमार के एह बयान के उपेंद्र कुशवाहा ख़ातिर एक तरह से झटका मानल जा रहल बा ।

मीडिया से बात करत नीतीश कुमार

 

 

436200cookie-checkBihar: CM नीतीश कुमार तुरले कुशवाहा के सपना , कहलें- मंत्रिमंडल के होई विस्तार, डिप्टी सीएम बनावे के कवनो बाते नइखे भईल।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.