[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG ODI : भारत-इंग्लैंड दूसरा वनडे कब खेलल जाई? नोट करीं दूसरा आ तीसरा मैच के तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज जारी बा। टीम इंडिया कप्तान शुभमन गिल के अगुवाई में पहिला वनडे 6 विकेट से जीत के सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेले बिया। अब क्रिकेट प्रेमियन के नजर दूसरका मुकाबला पs बा। जदि भारत अगिला मैच जीत लेत बा, तs सीरीज पs कब्जा कs ली। एह कारण दूसरा आ तीसरा वनडे के तारीख जानल जरूरी बा।

पहिला वनडे जीत के भारत बनवलस बढ़त

पहिला वनडे में इंग्लैंड पहिले बल्लेबाजी करत 258 रन पs सिमट गइल। जवाब में टीम इंडिया सानदार बल्लेबाजी करत 45.2 ओवर में 4 विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। कप्तान शुभमन गिल के जिम्मेदार बल्लेबाजी आ गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन से भारत के जीत मिलल। एह जीत के बाद भारतीय टीम के मनोबल बहुते बढ़ गइल बा।

दूसरका वनडे कब आ कहां खेलल जाई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच दूसरका वनडे 16 जुलाई (बियफे) के कार्डिफ में खेलल जाई। एह मुकाबला में भारत के नजर सीरीज जीत पs रही, जबकि इंग्लैंड हर हाल में वापसी करे के कोसिस करी। जदि इंग्लैंड ई मैच हार जाई, तs तीन मैच के सीरीज भारत 2-0 से अपना नामे कs ली।

तीसरको वनडे के तारीख नोट करीं

सीरीज के आखिरी आ तीसरा वनडे 19 जुलाई (अतवार) के ऐतिहासिक लॉर्ड्स क्रिकेट ग्राउंड, लंदन में खेलल जाई। एह मैच के संगे भारत-इंग्लैंड के वनडे सीरीज के समापन हो जाई।

रोहित शर्मा आ विराट कोहली से बड़ पारी के उम्मीद

हालांकि भारत पहिला मुकाबला जीत गइल, बाकिर रोहित शर्मा आ विराट कोहली बल्ला से खास कमाल ना देखा सकल लो। रोहित जल्दी आउट हो गइलें, जबकि विराटो बड़ स्कोर ना बना सकलें। अब दूसरका वनडे में फैंस के उम्मेद बा कि दुनों अनुभवी बल्लेबाज सानदार पारी खेली लो आ टीम इंडिया के सीरीज जितावे में अहम भूमिका निभाई लो।

Read Also: Central Cabinet Decision : वाराणसी में 6 लेन ग्रीनफील्ड एलिवेटेड कॉरिडोर के मंजूरी, 2.19 लाख करोड़ के कइयन गो बड़ा फैसला पs कैबिनेट के मुहर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]