ENG vs IND : इंग्लैंड से करारा हार के बाद टीम इंडिया बनवलस कइयन गो शर्मनाक रिकॉर्ड, T20I इतिहास में पहिलका बेर भइल अइसन हाल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड के खिलाफ ट्रेंट ब्रिज, नॉटिंघम में खेलल गइल तीसरा टी20 मैच में भारत के करारा हार झेले के पड़ल। टीम इंडिया मात्र 76 रन पs ऑलआउट हो गइल आ 125 रन से

Share

India Suffers Record 125-Run Defeat Against England in 3rd T20I

स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड के खिलाफ ट्रेंट ब्रिज, नॉटिंघम में खेलल गइल तीसरा टी20 मैच में भारत के करारा हार झेले के पड़ल। टीम इंडिया मात्र 76 रन पs ऑलआउट हो गइल आ 125 रन से मुकाबला हार गइल। एह हार के संगे भारतीय टीम के नाम टी20 अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में कइयन गो अनचाहा रिकॉर्ड दर्ज हो गइल।

सबसे चिंता के बात ई बा कि टीम इंडिया पिछिला 5 टी20 मुकाबला में एको में जीत हासिल ना कs सकल। भारतीय टी20 इतिहास में ई पहिलका मवका बा जब लगातार पांच मैच में टीम के एको जीत नसीब ना भइल।

ट्रेंट ब्रिज पs पूरा तरे फ्लॉप रहल बल्लेबाजी

श्रेयस अय्यर के कप्तानी में खेल रहल भारतीय टीम के बल्लेबाजी पूरा तरे बिखर गइल। पावरप्ले में भारत के पांच विकेट गिर गइल। इंग्लैंड के तेज गेंदबाज जोफ्रा आर्चर आ जोश टंग के घातक गेंदबाजी के सामने भारतीय बल्लेबाज टिक ना सकल लोग। 202 रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत खाली 76 रन बना सकल आ 125 रन से हार गइल।

T20I इतिहास में भारत के सबसे बड़ हार

125 रन से हार भारत के टी20 अंतरराष्ट्रीय इतिहास के सबसे बड़ हार बन गइल बा।

रैंक हार (रन से) विपक्षी टीम साल
1 125 रन इंग्लैंड 2026
2 80 रन न्यूजीलैंड 2019
3 76 रन दक्षिण अफ्रीका 2026
4 51 रन दक्षिण अफ्रीका 2025
5 50 रन न्यूजीलैंड 2026

भारत के T20I में दूसरा सबसे छोट स्कोर

इंग्लैंड के खिलाफ 76 रन पs ऑलआउट होके टीम इंडिया अपना टी20 इतिहास के दूसरका सबसे छोट स्कोर बनवलस।

भारत के T20I में सबसे छोट स्कोर

  • 74 रन – बनाम ऑस्ट्रेलिया (2008)
  • 76 रन – बनाम इंग्लैंड (2026)
  • 79 रन – बनाम न्यूजीलैंड (2016)
  • 92 रन – बनाम दक्षिण अफ्रीका (2015)
  • 101 रन – बनाम श्रीलंका (2016)
  • 102 रन – बनाम जिम्बाब्वे (2024)

लगातार पांच मैच में ना मिलल जीत

भारतीय टीम के पिछला पांच टी20 मुकाबला में एको जीत ना मिलल। एह दौरान चार मैच में हार भइल जबकि एगो मुकाबला बरखा के चलते रद्द हो गइल। एकरा से पहिले भारतीय टीम के इतिहास में कबो अइसन ना भइल रहे कि लगातार पांच टी20 मैच में टीम एको जीत हासिल ना कs सकल।

एकरा से पहिले जून 2009 से दिसंबर 2009 आ फेर जुलाई 2021 से अक्टूबर 2021 के बीच टीम इंडिया लगातार चार-चार टी20 मैच हारल रहे, बाकिर पांच मैच तक बिना जीत के दौर पहिलका बेर देखे के मिलल।

Read Also: Bengal Encounter : बारुईपुर रेप आ मर्डर केस के आरोपी प्रभास मंडल पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल

                         

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.