12 जुलाई 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 12/07/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि त्रयोदशी

रात के 10 बजके 30 मिनट ले,

ओकरा बाद चतुर्दशी।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 08 बजके 29 मिनट ले,

ओकरा बाद म्रृगशीर्षा नक्षत्र।

वृद्धि जोग

रात के 08 बजके 05 मिनट ले,

ओकरा बाद ध्रुव जोग।

गर करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/07/2026

आषाढ़ कृष्ण पक्ष

तिथि- चतुर्दशी

सांझ के 06 बजके 49 मिनट ले।

दिन-सोमार।

आद्रा नक्षत्र

रात के 02 बजके 51 मिनट ले।

ध्रुव जोग

दिन के 04 बजके 00 मिनट ले।

 विष्टि करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम-काज में नया मवका मिली। नौकरी करे वाला लोगन के अधिकारी से सहजोग मिली। परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

धन लाभ के जोग बा। रुकल काम पूरा हो सकेला। नया निवेश सोच-समझ के करीं। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

करिअर में आगे बढ़े के मवका मिली। पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन बढ़िया बा। फालतू खरचा पs काबू रखीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही। नौकरी में सम्मान मिली। छोट जतरा के जोग बनत बा। खानपान पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बेयपार में मुनाफा होखे के संभावना बा। आत्मविश्वास बढ़ी। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। धार्मिक काम में मन लागी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज धीरज से काम लीं। जल्दबाजी में कवनो फैसला मत करीं। नौकरी में नया जिम्मेदारी मिल सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

बेयपार आ नौकरी दुनो में फायदा मिली। परिवार के माहौल खुसनुमा रही। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

मेहनत के पूरा फल मिली। नया लोग से पहचान भविष्य में फायदा पहुंचाई। स्वास्थ्य के लेके लापरवाही मत करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

भाग्य आज पूरा साथ दी। बहुत दिन से अटकल काम पूरा हो सकेला। प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन सुभ बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नौकरी आ बेवसाय में सफलता मिली। आमदनी बढ़े के जोग बा। परिवार के संजीवबढ़िया समय बितावे के मवका मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया योजना पs काम सुरू करे खातिर दिन अच्छा बा। जतरा से फायदा हो सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन सुभ बा। धन लाभ के जोग बा। धार्मिक काम में रुचि बढ़ी। घर-परिवार में सुख-शांति बनल रही।

Read Also: Bihar Transfer News : बिहार में 20 IAS-BAS अफसरन के तबादला, सम्राट चौधरी सरकार जारी कइलस नया पोस्टिंग आदेस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-