IND vs ENG ODI : ‘रोहित, विराट आ बुमराह दुनिया के सबसे महान खिलाड़ी’, बेन डकेट कहलें- टीम इंडिया वनडे में सबसे खतरनाक

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2026

नई दिल्ली। भारत आ इंग्लैंड के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज सुरू होखे से पहिले इंग्लैंड के सलामी बल्लेबाज बेन डकेट टीम इंडिया के जमके तारीफ कइले बाड़ें। डकेट के कहनाम       

Share

England opener Ben Duckett praises Rohit Sharma, Virat Kohli and Jasprit Bumrah ahead of the first India vs England ODI match.

नई दिल्ली। भारत आ इंग्लैंड के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज सुरू होखे से पहिले इंग्लैंड के सलामी बल्लेबाज बेन डकेट टीम इंडिया के जमके तारीफ कइले बाड़ें। डकेट के कहनाम                              बा कि टी20 सीरीज में मिलल सफलता के बादो वनडे क्रिकेट में भारत के हरावल आसान ना होई। उनका मोताबिक रोहित शर्मा, विराट कोहली, जसप्रीत बुमराह आ शुभमन गिल जइसन स्टार खिलाड़ी टीम इंडिया के दुनिया के सबसे मजबूत टीम बनावेला लोग।

रोहित, विराट आ बुमराह दुनिया के महान खिलाड़ी

मैच से पहिले मीडिया से बातचीत करत बेन डकेट कहलें कि रोहित शर्मा, विराट कोहली आ जसप्रीत बुमराह वनडे क्रिकेट के महानतम खिलाड़ियन में गिनल जाला लो। ऊ कहलें कि बुमराह दुनिया के सबसे बेहतरीन ऑल-फॉर्मेट गेंदबाज बाड़ें आ उनकर मवजूदगी भारतीय टीम के आउर खतरनाक बना देला।

डकेट कहलें कि एह खिलाड़ियन खातिर इंग्लैंड अलग रणनीति बनवले बा, बाकिर एह लोगन के हल्का में लेवे के गलती कतई ना कइल जा सकेला।

विराट कोहली के तारीफ में पढ़लें कसीदा

बेन डकेट विराट कोहली के तारीफ करत कहलें कि वनडे क्रिकेट में विराट कोहली अब तक के सबसे महान बल्लेबाजन में से एगो बाड़ें। उनका माेताबिक लमहर समय तक क्रीज पs टिक के मैच जितावे वाली पारी खेले के कला विराट से बढ़िया सायदे केहू लगे बा।

डकेट इहो कहलें कि विराट जइसन दिग्गज खिलाड़ी के खिलाफ खेलल हर खिलाड़ी खातिर खास अनुभव होला।

भारत के बड़ नाम से ना, अपना खेल पs रही फोकस

इंग्लिश बल्लेबाज साफ कहलें कि टीम इंडिया के स्टार खिलाड़ियन के सम्मान जरूर बा, बाकिर इंग्लैंड मैदान पs खाली अपना प्रदर्शन पs ध्यान दीं। जदि टीम अपना क्षमता के मोताबिक खेली तs भारत जइसन मजबूत टीम के हरावल संभव बा।

जोफ्रा आर्चर भारतीय बल्लेबाजन खातिर बन सकत बाड़ें चुनौती

डकेट के माने के बा कि इंग्लैंड के तेज गेंदबाज जोफ्रा आर्चर आ जोश टंग भारतीय बल्लेबाजन के मुश्किल में डाल सकेला लो। जबकि बल्लेबाजी में हैरी ब्रूक, जो रूट आ जोस बटलर टीम के मजबूती बढ़ाई लोग।

विश्व कप से पहिले अहम बा ई सीरीज

बेन डकेट कहलें कि भारत के खिलाफ ई वनडे सीरीज इंग्लैंड खातिर बहुत महत्वपूर्ण बा। अगर इंग्लैंड एह सीरीज में अच्छा प्रदर्शन करेला तs नवहा खिलाड़ियन के आत्मविश्वास बढ़ी आ आगामी वनडे विश्व कप खातिर टीम आउर मजबूत हो जाई। उनका मोताबिक भारत जइसन मजबूत टीम के हरावल कवनो बड़ उपलब्धि से कम ना होई।

Read Also: UP Crime : मुजफ्फरनगर जिला अस्पताल के ICU में मरीज के पीट-पीट के हत्या, दूसरका मरीज के तीमारदार पs गंभीर आरोप

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.