Indian Cricket Team : इंग्लैंड से सीरीज हरला के बाद भारत टी20 रैंकिंग में नंबर-1 के ताज गंववलस

India Loses No.1 T20 Ranking After England Series Defeat

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट खातिर सनिचर के दिन बहुते निराशाजनक रहल। श्रेयस अय्यर के कप्तानी में खेलत टीम इंडिया के इंग्लैंड से पांचवां आ आखिरी टी20 इंटरनेशनल मैच में 56 रन से हार झेले के पड़ल। एह हार के संगे भारत ना खाली सीरीज हरलस, बलुक आईसीसी टी20 इंटरनेशनल टीम रैंकिंग में नंबर-1 के ताजो गंवा देलस।

साउथैम्प्टन में खेलल गइल एह मुकाबला में इंग्लैंड पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में तीन विकेट पs 257 रन बनवलस। ई टी20 इंटरनेशनल इतिहास में ओकर तीसरका सबसे बड़ टीम स्कोर बा। जवाब में भारतीय टीम 20 ओवर में आठ विकेट पs 201 रन बना सकल आ 56 रन से मुकाबला हार गइल।

एह हार के संगे भारत के लगातार दूसरका टी20 इंटरनेशनल सीरीज में क्लीन स्वीप झेललस। एकरा से पहिले आयरलैंड भारत के 2-0 से हरवले रहे, जबकि अब इंग्लैंड 4-0 से सीरीज अपने नावे कs लेलस।

आईसीसी टी20 रैंकिंग में इंग्लैंड बनल नया नंबर-1

पहिले से तय रहे कि जदि भारत पांचवां टी20 मैच हार जाई तs ओकर नंबर-1 के ताज छिन जाई। आखिरकार उहे भइल। ताजा आईसीसी टी20 टीम रैंकिंग में इंग्लैंड पहिला नंबर पs पहुंच गइल, जबकि भारत एक स्थान नीचे खिसक के दूसरा नंबर पs आ गइल।

इंग्लैंड 38 टी20 मैच में 268 रेटिंग के संगे टॉप पs बा। भारतो के 268 रेटिंग बा, बाकिर रैंकिंग के गणना के आधार पs ऊ दूसरा स्थान पs पहुंच गइल बा। ऑस्ट्रेलिया 260 रेटिंग के संगे तीसरा नंबर पs बा। न्यूजीलैंड चउथा आ दक्षिण अफ्रीका पांचवां स्थान पs कायम बा। टॉप-10 में खाली भारत आ इंग्लैंड के पोजीशन बदलल बा।

श्रेयस अय्यर के कप्तानी में अब तक नइखे मिलल जीत

टी20 विश्व कप 2026 जीतला के बाद भारतीय टीम के प्रदर्शन लगातार निराशाजनक रहल बा। नया कप्तान श्रेयस अय्यर अभी तक टी20 इंटरनेशनल में जीत के स्वाद नइखन चख सकल। अब भारत के अगिला टी20 सीरीज जिम्बाब्वे के खिलाफ खेलल जाई। फैंस के उम्मेद बा कि टीम इंडिया उहां जीत के पटरी पs लवट सके।

अब वनडे सीरीज पs टिकल बा सब केहू के नजर

टी20 सीरीज में मिलल हार के बाद अब भारतीय समर्थकन के नजर इंग्लैंड के खिलाफ होखे वाला तीन मैच के वनडे सीरीज पs बा। फैंस चाहत बा लो कि टीम इंडिया वनडे में सानदार वापसी करत सीरीज अपना नावे करे।

भारत बनाम इंग्लैंड वनडे सीरीज के कार्यक्रम

  • पहिला वनडे: 14 जुलाई – बर्मिंघम
  • दूसरा वनडे: 16 जुलाई – कार्डिफ
  • तीसरा वनडे: 19 जुलाई – लॉर्ड्स

Read Also: FIFA World Cup 2026 : अर्जेंटीना छठवां बेर सेमीफाइनल में पहुंचल, सेमीफाइनल में अब इंग्लैंड से होई महामुकाबला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-