Uniform Civil Code: यूनिफॉर्म सिविल कोड के लेके धामी सरकार के बड़ फसीला, पांच सदस्यन के ड्राफ्टिंग कमेटी गठित

Share

यूनिफॉर्म सिविल कोर्ट के लेके सेवा निवृत जस्टिस रंजना देसाई के अध्यक्षता में कमेटी के गठन कइल गइल बा। यूसीसी पs काम करे वाला उत्तराखंड पहिला राज्य बन गइल बा। ड्रफ्टिंग कमेटी के स्वरूप तइयार कs लिहल गइल बा।

धामी सरकार बड़ आ महत्वपूर्ण फसीला लेवे में एक डेग आगे बढ़ल बा। यूनिफॉर्म सिविल कोड लागू करे के दिशा में डेग बढ़ावत ड्राफ्टिंग कमेटी के गठन के अधिसूचना जारी कइल गइल बा। एह कानून खातिर काम शुरू करने वाला उत्तराखंड देश के पहिला राज्य बन गइल बा। ई कमेटी यूसीसी कानून बनावे ला ड्राफ्ट तइयार करी।

ई बा ड्रफ्टिंग कमेटी के स्वरूप

चेयरमैन : रंजना देसाई, सुप्रीम कोर्ट की सेवा निवृत जज

सदस्य : प्रमोद कोहली, दिल्ली हाई कोर्ट के सेवा निवृत जज

सदस्य : शत्रुघ्न सिंह, पूर्व मुख्य सचिव उत्तराखंड

सदस्य : मनु गौड़, अध्यक्ष टेक्स पेयर एसोसिएशन भारत

सदस्य : सुरेख डंगवाल, कुलपति दून विश्वविद्यालय देहरादून

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-