Big Breaking: लद्दाख में सेना के गाड़ी नदी में गिरल, 7 जवान शहीद; कुल 26 जवान लो रहे सवार

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2022

लद्दाख के तुर्तक सेक्टर में सेना के गाड़ी श्योक नदी में गिर गइल। हादसा में 7 जवान शहीद हो गइल लो आ कई गो जवान घायल बा लो। इंडियन आर्मी के बेयान के मुताबिक, 26

Share

लद्दाख के तुर्तक सेक्टर में सेना के गाड़ी श्योक नदी में गिर गइल। हादसा में 7 जवान शहीद हो गइल लो आ कई गो जवान घायल बा लो। इंडियन आर्मी के बेयान के मुताबिक, 26 सैनिकन के टुकड़ी परतापुर से हनीफ सब सेक्टर के फॉरवर्ड पोस्ट पs जात रहे।

भोरे करीब 9 बजे थोइसे से लगभग 25 किलोमीटर दूर वाहन फिसल के श्योक नदी में जा गिरल। घायल 26 सैनिकन के उहां से निकालके आर्मी फील्ड हॉस्पिटल ले जाइल गइल, जहां गंभीर चोट लगला के वजह से 7 सैनिकन के मौत हो गइल। लेह से परतापुर ला सेना के सर्जिकल टीमन के रवाना कs दिहल गइल बा। गंभीर रूप से घायलन के वायु सेना के मदद से वेस्टर्न कमान खातिर अस्पताल भेजल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.