IND vs IRE T20 : बेलफास्ट में 19 साल बाद उतरी टीम इंडिया, रोहित शर्मा के डेब्यू मैदान पs मची गदर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

नई दिल्ली। भारतीय क्रिकेट टीम अब आयरलैंड दौरा पs टी20 सीरीज खेले खातिर तइयार बिया। भारत आ आयरलैंड के बीच दु मैच के टी20 सीरीज के सुरुआत 26 जून से होखे जा रहल बा। दुनो

Share

India vs Ireland 1st T20I match preview, Team India players at Belfast cricket ground

नई दिल्ली। भारतीय क्रिकेट टीम अब आयरलैंड दौरा पs टी20 सीरीज खेले खातिर तइयार बिया। भारत आ आयरलैंड के बीच दु मैच के टी20 सीरीज के सुरुआत 26 जून से होखे जा रहल बा। दुनो टीमन के बीच ई मुकाबला उत्तरी आयरलैंड के राजधानी बेलफास्ट में खेलल जाई।

बेलफास्ट के मैदान भारत खातिर खास इतिहास रखेला, काहे कि 19 साल बाद टीम इंडिया एह मैदान पs वापसी कs रहल बिया। एह मैदान पs भारत आ आयरलैंड के बीच अब तक खाली एगो वनडे मुकाबला खेलल गइल बा। 23 जून 2007 के खेलल गइल एह मैच में भारतीय स्टार बल्लेबाज रोहित शर्मा आपन इंटरनेशनल डेब्यू कइले रहलें।

बेलफास्ट में भारत के पुरान रिकॉर्ड

बेलफास्ट में टीम इंडिया अब तक कुल चार वनडे मुकाबला खेल चुकल बिया। आयरलैंड के अलावा भारत एह मैदान पs दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ तीन वनडे मैच खेलले बा। साल 2007 में खेलल गइल एह मुकाबला में भारत दूगो मैच में जीत हासिल कइले रहे।

अब पहिला बेर भारतीय टीम बेलफास्ट में टी20 मुकाबला खेले उतरी। एह सीरीज के खास बात ई बा कि श्रेयस अय्यर के कप्तानी में भारत के ई पहिला टी20 मुकाबला होई। हाल में सूर्यकुमार यादव के जगह श्रेयस अय्यर के टी20 टीम के कमान सउपल गइल बा।

बेलफास्ट पिच रिपोर्ट : तेज गेंदबाजन के मिल सकेला फायदा

बेलफास्ट के स्टॉर्मोंट इस्थित सिविल सर्विस क्रिकेट क्लब के पिच सुरुआत में तेज गेंदबाजन खातिर मददगार मानल जाला। मैदान में हरियाली आ नमी के कारण सुरुआती ओवर में गेंद सीम मूव कs सकेला आ अतिरिक्त उछालो मिल सकेला।

हालांकि, मैच आगे बढ़ला के बाद बल्लेबाजी आसान हो जाला। बल्लेबाज सही टाइमिंग के संगे बढ़िया स्ट्रोक खेल सकेला लोग।

मौसम रिपोर्ट : बरखा डाल सकेला मैच में खलल

26 जून के बेलफास्ट के मौसम मैच खातिर चुनौती बन सकेला। मौसम रिपोर्ट के मोताबिक हल्का बरखा के संभावना बा। करीब 90 फीसदी तक आसमान में बादल छाइल रहला के अनुमान बा।

हवा के रफ्तार करीब 30 किलोमीटर प्रति घंटा रह सकेला आ बरखा के संभावना बहुत जादे बतावल जा रहल बा। अइसन इस्थिति में टॉस जीते वाली टीम पहिले गेंदबाजी करे के फैसला ले सकेले।

अब देखे वाली बात होई कि 19 साल बाद बेलफास्ट में उतर रहल टीम इंडिया कइसन प्रदर्शन करेले आ नया कप्तान श्रेयस अय्यर के नेतृत्व में पहिला टी20 मुकाबला कइसे खेलत बिया।

Read Also: UP BJP : यूपी भाजपा के नया टीम के एलान, राजनाथ सिंह के बेटा नीरज सिंह के मिलल उपाध्यक्ष के जिम्मेदारी, लिस्ट में पूजा पाल के नाम बा सामिल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.